संयुक्त परिवार व्यवस्था के फेर से जियावे के कोशिश हऽ 'खानदान'
आज अगर देश के बड़का हिन्दी चैनलन के धारावाहिकन के टक्कर दे रहल महुआ टीवी के शो के बात कइल जाव त ऊ बा खानदान. पारिवारिक तानाबाना पर बुनाइल आ सामाजिक सरोकार के उजागर करे वाली एह धारावाहिक में संयुक्त परिवार के फेर से स्थापित करे के कोशिश कइल गइल बा.
स्टार प्लस खातिर 'क्योंकि सास भी कभी बहु थी', 'कहानी घर घर की', 'कहीं किसी रोज' जइसन धारावाहिकन के निर्देशित कर चुकल संतोष बादल एहू धारावाहिक के निर्देशन कर रहल बाड़े. भव्यता आ कैनवास का स्तर पर अब तकले के सबले बड़हन भोजपुरी धारावाहिक खानदान में दू गो सगा भाई राज प्रताप आ जय प्रताप के कहानी बा जे अपना पिता सूरज प्रताप का साथ रहेले. बाकि कुछ गलतफहमी का चलते दुनू भाई के परिवार धीरे धीरे बिलगा होत चललल जात बा आ दुनू के रिश्ता में अतना कड़ुवाहट आ जात बा कि प्रेम आ लगाव का जगहा दुश्मनी पैदा हो जात बा. जवना खानदान में कबो एक दोसरा खातिर त्याग आ कुछ करे के भाव रहत रहुवे ओहिजा अब एक दोसरा के बरबाद करे के काम होखे लागत बा. दुनू भाई के दुश्मनी अतना बढ़ जात बा कि मामिला घर से निकल के कोर्ट कचहरी ले चल जात बा.
एहमें देखावल गइल बा कि आजुकाल्ह एकाकी परिवारन के जवन प्रचलन बढ़ गइल बा ऊ कतना गलत बा. देखावल गइल बा कि संयुक्त परिवार के खूबी का होला. संयुक्त परिवार के खासियत देखावत एह धारावाहिक में एह बात के अहसास बखूबी करावल जात बा कि आजु का भागोदौड़ वाली जिनिगी में संयुक्ते परिवार आदमी के संबल दे सकेला.
एह धारावाहिक के संरचना प्रमुख अनिल अजिताभ हउवन जे कबो प्रकाश झा के सहयोगी रह चुकल बाड़े आ बाहुबली जइसन फिलिमन के निर्देशन कर चुकल बाड़े. धारावाहिक के मुख्य पात्रन में सुधीर दल्वे, परितोष चंद, शक्ति सिन्हा, सीमा पाण्डेय, रीना रानी आ सुदीप पाण्डेय हउवें. महुआ टीवी पर खानदान धारावाहिक सोमार से बियफे ले रोजाना रात के साढ़े नौ बजे से देखावल जा रहल बा.
स्रोत - प्रशान्त निशान्त, जनसम्पर्क सलाहकार, महुआ टीवी