अबकी शनिचर अइहें समीर

भोजपुरी के पहिलका टीवी चैनल महुआ के सबसे लोकप्रिय रियलिटी शो सुर-संग्राम में अबकी शनिचर आ रहल बाड़ें मशहूर गीतकार समीर. भोजपुरी गायकी के एह कार्यक्रम में प्रतिभागियन के आशीर्वाद देबे अबले गीत संगीत के बड़हन बड़हन ध्वजाधारी आ चुकल बाड़न. आ अबकी शनिचर के आ रहल बाड़े हिन्दी फिलिमन के प्रसिद्ध गीतकात समीर.

Samir with Manoj, Malini, and Kalpana in Sur-Sangram on Mahuaa

जी हँ, उहे समीर जे बालीवुड के हिन्दी फिलिमन के कई गो मशहूर गीत लिखले बाड़े आ आजु पुरा दुनिया में उनकर मुरीद बाड़े. अबकी शनिचर ५ सितम्बर के प्रसारित होखे वाला एपिसोड टॉप ५ जने के राउण्ड हऽ आ एहमें चहुँपल समीर यूपी आ बिहार के प्रतिभागियन से दिलकश आवाज में भोजपुरी गीत सुन के मंत्रमुग्ध हो गइले. समीर कुछ भोजपुरियो फिलिमन खातिर पहिले गीत लिख चुकल बाड़े. उनका मौजूदगी वाला एह एपिसोड के थीम निरगुन आ पुरबी लोकगीतन पर राखल गइल बा. हर प्रतिभागी एक से बढ़ के एक गीत सुनवलें. एही मस्ती भरल माहौल में मनोज तिवारी अचानके में समीर जी से पुछ बइठलें कि राउर नाम त शीतला पाण्डे हऽ त रउरा समीर काहे लिखिलें? हाजिरजवाब समीर कहलन कि हमरा के ई नाम केहु बड़ा प्यार से दिहले रहे बाकि हम ओकर नाम ना रउरा के ना बता सकीं.

पूरा कार्यक्रम का दौरान समीर प्रतिभागियन के बीच बीच में गाना के टिप्स दिहलन आ ओह लोग से अपना जिनिगि के कुछ हसीन पलो बँटलन. जात जात समिर सुनावत गइले कि
ना पुछो कोई, है मेरी मंजिल कहाँ?
अभी तो सफर का इरादा किया है.
ना हारूँगा मैं हौसला उम्र भर,
किसी से नहीं, खुद से वादा किया है.

त अबकी शनिचर पांच सितम्बर के महुआ टीवी चैनल पर आवे वाला सुरसंग्राम देखल मत भुलायेम. हर शनिचर का तरे एहु शनिचर के रात साढ़े आठ बजे भेंट होखी भोजपुरी गायकी के नयका ध्वजाधारियन से.


स्रोत - प्रशान्त निशान्त, जनसम्पर्क सलाहकार, महुआ टीवी