सुर संग्राम में अब विजेता बने के संग्राम

भोजपुरी के पहिलका मनोरंजन टीवी चैनल महुआ टीवी पर चल रहल रियलिटी शो में अब शुरु होखी विजेता बने के संग्राम. शुक १६ अक्टूबर का दिने रात साढ़े आय बजे से देखावल जाये वाला सुरसंग्राम में ई तय हो जाई कि बिहार आ यूपी से सगीतयोद्धा के के रही. यूपी के मोहन राठौर के चुनौती देबेवाला राकेश तिवारी आ बिहार के आलोक कुमार के चुनौती देबे वाली रिमझिम पाठक में से के जीती के हारी एकर फैसला शुक का दिने हो जाई आ तय हो जाई कि फाइनल में के रह जात बा.

semifinal of Sur sangram

चली शुरुआत कइल जाव १६ अक्टूबर शुक के सुरसंग्राम से. ओह दिन के एपिसोड के शुरुआत होखी रविकिशन, मनोज तिवारी आ रिंकू घोष के नृत्य प्रदर्शन से. तोहार सोलह शृंगार गाना पर तीनो के धमाल देखे लायक रही. नाच का दौरान रविकिशन मनोज तिवारी के रिंकूघोष से दूरी बना के राखे के कहीहें त जवाब में मनोज तिवारी रवि किशन के अपना लव स्टोरी के खलनायक तक बना दिहन. मस्ती भरल नृत्य आ हँसी मजाक का बाद शुरु होखी मोहन राठौर के गाना गवला से जवना पर रिंकू घोष कह उठिहन कि उनकर ईच्छा बा कि मोहने राठौर सुरसंग्राम के ताज जीतस आ अपना बहिन के बिआह धूमधाम से करस. बाकिर अन्त में का होखी, ई के जानत बा?

ई शुक्रवार हऽ कयामत के दिन. जहिया हर बेर केहू ना केहू सुरसंग्राम के मंच से विदा हो जाला. अबकी बेर के विदा होखी ई बतिया जाने खातिर त सबके मन बेचैन होखबे करी, हमरो बा. प्रशान्त निशान्त बतावे के तइयार नइखन आ अटकर पच्चीसी के खेल खेलल बेकार बा. जवन होखी तवन शुके के देखल जाई. ससपेंस में जवन मजा बा तवना के काहे खतम कइल जाव?

शुक का दिने जज लोग एलान करिये दी कि यूपी आ बिहार से के के चुनल गइल बा फाइनल में मुकाबिला करे खातिर. आ एकरा संगे गुटबन्दी अपना चरम पर चहुँप जाई. महुआ चैनल पर देखावल जा रहल खानदान के टीम यूपी का तरफ से आ बड़की मलिकाइन के टीम बिहार का तरफ से खड़ा हो जाई.

शनिचर का दिने फाईनलिस्ट योद्धा लोग का साथे साथ ओह लोगन के परिवारो एह जंग में शामिल हो जाई आ अपना अपना उम्मीदवार खातिर दर्शकन से वोट देबे के अपील करी लोग. बिहार टीम के समर्थक लोग अपना अपना मोबाइल से बिहार आ यूपी वाला लोग यूपी लिख के एसएमएस करी.

फैसला अब जज लोग का हाथ में ना रह जाई आ जनता जनार्दन का हाथ में चल जाई. त अब एको एपिसोड देखल छूटे के ना चाहीं. फैसला के घड़ी तेजी से हमनी का तरफ आ रहल बा. देखत रहीं हर शुक आ शनिचर के महुआ टीवी पर सुरसंग्राम के शो. समय उहे रात के साढ़े आठ बजे से बा.