बिहार आ कि उत्तर प्रदेश ? के होखी भोजपुरी संगीत के सरताज?

भोजपुरी संगीत के राजा के रा्ज्य कवन होखी, बिहार आ कि यूपी? कवना राज्य के लोग छाती ठोक के कह पाई कि हमनी ले बढ़ के भोजपुरी गायक दोसरा का लगे नइखे? आ एह सब सवालन के जवाब मिले वाला बा महुआ टीवी चैनल का रियलिटी शो सुरसंग्राम में. अब ई शो फाइनल का मुकाम प चहुँप गइल बा. तय हो गइल बा कि फाइनल मुकाबला केकरा केकरा बीच में बा.

Alok Kumar and Mohan Rathod

बिहार के प्रतिनिधित्व कर रहल बाड़े लखीसराय के आलोक कुमार आ यूपी के प्रतिनिधि बाड़े गाजीपुर के मोहन राठौड़. पांच महीना के कड़ा मेहनत आ मुकाबला का बा ई लोग फाइनल में चहुँपल बा आ अब एह लोग के दरकार बा अपना अपना राज्य से अधिका से अधिका जनसमर्थन के. फैसला अब जनता का हाथ में बा. जेकरा पक्ष में सबले बेसी एसएमएस आई उहे बनी सुरसंग्राम के सिरमौर. आ जवना राज्य के लोग एह में बाजी मार ले जाई ओकरे मिली भोजपुरी संगीत के राजा के राज्य कहाये के सम्मान.

सुरसंग्राम का मंच से २४ गो प्रतिभागियन का बीच से आ गीतसंगीत के मशहूर हस्तियन जइसे कि पं॰हरिप्रसाद चौरसिया, भजन सम्राट अनूप जलोटा, उदित नारायण, शारदा सिन्हा, मालिनी अवस्थी, कल्पना, विनोद राठौड़, समीर, श्रवण, डीपा नारायण झा का मापदण्ड पर खरा उतरल ई दुनू प्रतिभागी एंकर मनोज तिवारी आ रविकिशन के सुझाव सलाह मानत एहिजा चहुंपल बाड़े. अब ई रउरा लोग पर वा कि केकरा के जितावत बानी. दुनू गायक बेजोड़ बाड़े. दुनु जमीन से उठल बाड़े आ अपना सीमित संसाधन का बावजूद संगीत के मशाल लिहले आगा आइल बाड़े.

मोहन राठौड़ आ आलोक कुमार दुनु जने के इहे कहनाम बा कि अब ओह लोग के राज्य के जनता के समर्थन चाहीं, भोजपुरी के श्रोता लोगन के समर्थन चाहीं, देश विदेश में पसरल भोजपुरिया समाज के समर्थन चाहीं. जेकर गाना नीक लागत होखे, जेकरा के जितावे के मन होखे ओकरा राज्य के नाम BIHAR भा UP लिख के 58888 पर एसएमएस भेज दीं. वोटिंग चालू हो चुकल बा आ पांच नवम्बर का रात बारह बजे तक वोट दिहल जा सकेला अपना अपना मोबाइल से एसएमएस कर के.

एह बीचे हर शुक आ शनिचर का रात साढ़े आठ बजे से महुआ चैनल पर सुरसंग्राम कार्यक्रम में एह लोग के गायकी आवत रही जेहसे ई लोग आपन आपन दावेदारी मजबूत कर सको.


स्रोत महुआ टीवी चैनल के जनसम्पर्क अधिकारी प्रशान्त निशान्त