अब भोजपुरी में रामायण

रामकथा कवनो भाषा में होखो हमेशा अलौकिक आनन्द देला. अब रामानन्द सागर के अनमोल कृति रामायण के भोजपुरी भाषा में प्रसारित करे जा रहल बा हमनी भोजपुरियन के आपन चैनल महुआ जवना में भगवान राम, माता सीता, लक्ष्मण, हनुमान, रावण सगरी पात्र भोजपुरी में बात करीहें.

Logo of tv serial Ramayan

दूरदर्शन का राष्ट्रीय चैनल पर प्रसारित होखला का बाद ई पहिला मौका होखि जब एकरा के कवनो क्षेत्रीय भाषा में प्रसारित कइल जा रहल बा. आ शुरुआती प्रतिक्रिया से इहे लागऽता कि रामायण फेर उहे पुरनका लोकप्रियता पा लीहि.

रामायण के प्रसारण महुआ चैनल पर रोज भोर में साढ़े आठ बजे से प्रसारित कइल जाई जवना समय ओम् नमः शिवाय आवत रहल हा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त