महुआ चैनल पर दू गो नया रियलिटी शो
डांस संग्राम आ लाफ्टर एक्सप्रेस

सुर संग्राम के शानदार सफलता का बाद भोजपुरियन का दिल में बस चुकल भोजपुरी के पहिलका चैनल महुआ अब लेके आ रहल बा नाच के शौकीनन खातिर डांस संग्राम आ हँसे हँसावे वालन खातिर लाफ्टर एक्सप्रेस.

संगीत के रियलिटी शो सुरसंग्राम महुआ चैनल के लोकप्रियता आसमान पर चहुँपा दिहलस आ अब एकरा एह दुनु शो खातिर प्रतिभागियन के भारी भीड़ जुटे के उमेद बा. एह दुनु शो खातिर प्रतिभागियन के तलाश के काम शुरु हो गइल बा. पटना, बनारसम लखनऊ, गोरखपुर, राँची, कोलकाता, दिल्ली़ आ मुंबई में आडिशन लिहल जाई.

डांस कौशल के प्रदर्शन खातिर होखे जा रहल डांस संग्राम के आडिशन शुक ४ दिसम्बर से शुरु हो चुकल बा आ पहिला आडिशन लखनऊ का आनन्दी वाटर पार्क में करावल गइल. शनिचर ५ दिसम्बर के पटना के जे डी वीमन्स कालेज का परिसर में आ बनारस का जीवनदीप पब्लिक स्कूल का परिसर में होखी. ७ दिसम्बर का दिन दिल्ली का कम्युनिटी हॉल रिसर्च सेंटर में आडिशन के कार्यक्रम बा आ ८ दिसम्बर के गोरखपुर का नवल्स अकाडमी में आ रांची के संत जोसेफ क्लब में आडिशन लिहल जाई. ११ दिसम्बर का दिने कोलकाता का फिल्म सर्विस स्टूडियो में आ १२ दिसम्बर के मुंबई का स्पेनिस विला, जागेश्वरी में आडिशन होखी. एह कार्यक्रम में भाग लेबे वालन के उमिर १७ साल से २८ साल का बीच के होखे क चाहीं आ हर प्रतिभागी से कहल गइल बा कि ऊ अपना संगे अपना कार्यक्रम के सीडी भा कैसेट ले के आवस.

एही तरहा लाफ्टर एक्सप्रेस के आडिशन ५ दिसम्बर का दिने लखनऊ का आनन्दी वाटर पार्क में, ६ दिसम्बर का दिने बनारसपटना में, ८ दिसम्बर के दिल्ली में, ९ दिसम्बर के गोरखपुरराँची में, १२ दिसम्बर के कोलकाता में, आ १३ दिसम्बर का दिने मुंबई में लिहल जाई. एहू आडिशन के जगहा डांसे एक्सप्रेस वाला रही. उमिर सीमा जरुर अलगा बा बीस साल से लेके ४८ साल तक का बीच के.


स्रोत : महुआ टीवी के पीआर सलाहकार प्रशान्त निशान्त.