बिन बियाहल विधवा बनल औरत के दर्द के कहानी सेनुर

का रउरा अइसनका कवनो औरत के जानीले जवना के ना त बियाह भइल, ना त कबो ऊ केहू से प्यार कइलस, तबो ऊ विधवा हो गइल होखे ? अइसनके एगो औरत के करेजा काढ़ के देखावल जा रहल बा महुआ टीवी चैनल पर सोमार २१ दिसम्बर से शुरु भइल धारावाहिक सेनूर में.

Senur serial on Mahua TV

चर्चित फिल्मकार मनीष जैन के बनावल एह धारावाहिक के प्रसारण भोजपुरी के पहिलका इन्फोटेनमेंट चैनल महुआ सोमार से ले के बियफे ले रोज रात आठ बजे से कइल जा रहल बा, एकर निर्देशको मनीषे जैन बाड़न आ एपिसोड निर्देशक पवन कुमार शर्मा. एह धारावाहिक सेनुर के शूटिंग बनारस आ ओकरा अगल बगल के इलाका में वास्तविक लोकेशन पर कइल गइल बा. भारी भरकम सेट लगा के शूट भइल सेनुर का बारे में मनीष जैन कहलें कि सेनुर का जरिये हम एगो औरत के सबले बड़ ताकत ओकर सुहाग के मेटा जाये के मर्म बतावत बानी. उहो अइसन मर्म जवना में औरत त विधवा बिया बाकिर ओकरा मांग में कबो सेनुर डालले ना गइल. तबो ऊ विधवा हो गइल.

Senur serial on Mahua TV

एह धारावाहिक मे रंगमंच आ सिनेमा के कई गो जानल मानल कलाकार काम कर रहल बाड़े जवना में अमित राय, स्वीटी दत्तानी, सचिन श्रीवास्तव, पूजा राय, रवि पाण्डेय, आलोक वर्मा, गणेश पण्डित, तेज बहादुर, मिकी, आ डा॰ वीना सहाय खास बा लोग. एह धारावाहिक के कैमरामैन हउवें प्रदीप एम गुप्ता, आर्ट डायरेक्टर नंदू दाण्डेकर, संपादक आ ग्राफिक डिजायनर पीटर गुन्द्रा, गीतकार तनवीर आलम, कहानीकार आलम आ पटकथा लेखक जितेन्द्र गुप्ता. संगीत शेखर शर्मा के बा.


स्रोत शशिकान्त सिंह आ प्रशान्त निशान्त