रविकिशन के मिलल बेस्ट होस्ट अवार्ड

Ravi Kishanभोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार, हिन्दी सिनेमा के उदीयमान सितार रविकिशन अब छोटको परदा पर आपन छाप छोड़े में सफल बाड़े. एन डी टीवी इमेजिन पर देखावल जा रहल रियलिटी शो राज पिछले जनम का सफलता के रोजे एगो नया कीर्तिमान बनवले जात बा. पिछल दिने उनका के बेस्ट होस्ट अवार्ड से सम्मानित कइल गइल.

मकर संक्रान्ति का अवसर पर अमिताभ बच्चन, यश चोपड़ा, आ धर्मेन्द्र का मौजूदगी में रविकिशन के सम्मानित कइल गइल. रविकिशन का गैर मौजूदगी का चलते पुरस्कार उनकर बेटी रीवा अमिताभ बच्चन का हाथ से लिहली. एह मौका पर अमिताभो बच्चन के उनका फिल्म पा में बेहतरीन अभिनय करे खातिर सम्मानित कइल गइल. लायन्स क्लब हर साल एह अंतर्राष्ट्रीय अवार्ड समारोह के आयोजित करेला. अपना गैर मौजूदगी खातिर माफी माँगत रविकिशन के कहनाम रहे कि मुंबई में रहला का बादो ऊ अवार्ड खातिर ना जा पइलन काहे कि ऊ ना चाहत रहन कि उनका निर्माता के नुकसान होखो. कहलन कि उनकर सगरी निर्माता एहि चलते उनका से खुश रहेलन कि रवि का चलते ओह लोग के कबो कवनो नुकसान ना उठावे पड़े ला.

अपना के मिलल अवार्ड भोजपुरिया दर्शकन के समर्पित करत रविकिशन कहलें कि ई ओहि लोगन के प्यार बा जवना चलते उनका के समाज के हर वर्ग में प्रतिष्ठा मिल रहल बा.


स्रोत : उदय भगत