अब छोटको परदा पर निरहुआ के जादू

Nirahua and Saroj Khan भोजपुरी सिनेमा के बादशाह दिनेशलाल यादव निरहुआ के जादू अब छोटको परदा पर चल निकलल बा. उनकर अंदाज अब टीवी देखे वाला दर्शकनो के लुभावे लागल बा. एकर प्रमाण मिलल निरहुआ के एंकरिंग में प्रसारित हो रहल महुआ टीवी के रियलिटी शो डांस संग्राम के कमाल के शुरुआती सफलता मिलल बा. अपना पहिलके एपिसोड में टीआरपी चार्ट पर एह शो के दू फीसदी समर्थन मिलल. प्रणाम, नमस्कार, गोड़ लागऽतानी हिन्दुस्तान कहे वाला निरहुआ के ठेठ भोजपुरिया अन्दाज, संवाद अदायगी, आ लुक सब कुछ दर्शकन के लुभा रहल बा.

आ बात खाली दर्शकने तक सीमित नइखे रह गइल. महुआ टीवी के अधिकारियो निरहुआ के एह परफारमेंस से गदगद बाड़न आ ओह लोग के पक्का यकीन बा कि निरहुआ के एह अंदाज से एह रियलिटी शो के बहुते फायदा होखी. कार्यक्रम के जज बनल नृत्य निर्देशक बड़की माई सरोज खान का साथ साथ श्वेता तिवारी आ संभावना सेठ निरहुआ के अंदाज के प्रशंसा करत बा लोग. तबे नू पिछला एपिसोड में सरोज खान एगो गाना पर निरहुआ का साथे ठुमको लगा दिहली.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त