भोजपुरी गीत गवनई - 11

Bhojpuri Songs with full transcripts

पुरनका जमाना का भोजपुरी फिलिमन के गीत एगो अलगे आनन्द देत रहली सन. गाना सुनत सुनत खोज खोजत बिदेसिया के कुछ गाना भेंटा गइल. लीं ओहिमें से एगो सुनीं

ओ ऽ ऽ ऽ ऽ

हँसि हँसि पनवा खियवले बेइमनवा
हँसि हँसि पनवा खियवले बेइमनवा
कि अपना बसे रे परदेस
कोरी रे चुनरिया में दगिया लगाइ गइले
मारी रे करेजवा में तीर

हे ऽ ऽ ऽ ऽ

कजरी नजरिया से खेलइ रे बदरिया
कजरी नजरिया से खेलइ रे बदरिया
कि बरसइ रकतवा के नीर
दरदी के मारे छाइ जरदी चनरमा पे
गरदी मिली रे तकदीर

तकदीर दोहाई हऽ दोहाई हऽ

चढ़ते फगुनवा सगुनवा मनावइ गोरी
चइता करे रे उपवास
गरमी बेसरमी ना बेनिया डोलाये माने
डारे सँइया गरवा में फाँस

हो हँसि हँसि पनवा खियवले बेइमनवा
कि अपना बसे रे परदेस
कोरी रे चुनरिया में दगिया लगाइ गइले
मारी रे करेजवा में तीर