भोजपुरी गीत गवनई - 4

Bhojpuri Songs with full transcripts

लीं सुनीं मदन राय आ साथियन का आवाज में फेंकि दिहले थरिया बलम गइले झरिया. :-

Transcript of the song :

पत्नी के खाली अतने पुछला पर कि ई बतावऽ रात कहाँ रहुवऽ उनुकर पति आपन थरिया फेंकि के आ चल दिहलन. पत्नी बाहर निकल के देखऽतारी त कही लउकते नईखन. तबले एक आदमी भेंटाता आ कहऽता कि अरे ऊ त झरिया गईलन. इनका बड़ा चिन्ता भइल बा कि अरे भाई निपट गँवार आदमी झरिया कइसे चल गईलन. बड़ा सोचऽतारी. कहऽतारी : -

फेंक दिहले थरिया,
फेंक दिहले थरिया, बलम गइले झरिया पहुँचले कि ना.
फेंक दिहले थरिया,
फेंक दिहले थरिया, बलम गइले झरिया पहुँचले कि ना.
उठे हिया में लहरिया, पहुँचले कि ना.
उठे हिया में लहरिया, पहुँचले कि ना.
फेंक दिहले थरिया,
फेंक दिहले थरिया, बलम गइले झरिया पहुँचले कि ना.
उठे हिया में लहरिया, पहुँचले कि ना.
उठे हिया में लहरिया, पहुँचले कि ना.

अस मन करेला, बिहाने हम जाईं.
ना त केहू दूसरा से, पतिया पठाईं.
अस मन करेला, बिहाने हम जाईं.
ना त केहू दूसरा से, पतिया पठाईं.
आ ना पढ़े जानेले, ना
आ ना पढ़े जानेले, ना करिया अछरिया.
पहुँचले कि ना.
आ ना पढ़े जानेले, ना करिया अछरिया.
पहुँचले कि ना.
उठे हिया में लहरिया, पहुँचले कि ना.

सुनी ला कि झरिया में कोइला बिकाला
पानी हऽ खराब सब लोग सँवराला
सुनी ला कि झरिया में कोइला बिकाला
पानी हऽ खराब सब
पानी हऽ खराब सब लोग सँवराला
हँउवे खुद साँवर अउरी
हँउवे खुद साँवर अउरी हो के अइहें करिया
पहुँचले कि ना
हँउवे खुद साँवर अउरी
हँउवे खुद साँवर अउरी हो के अइहें करिया
पहुँचले कि ना
उठे हिया में लहरिया, पहुँचले कि ना.
उठे हिया में लहरिया, पहुँचले कि ना.

एतने नू पुछूवी कि कहाँ रहुवऽ रतिया
लागि गउवे गोली नियर
लागि गउवे गोली नियर उनका के बतिया
एतने नू पुछूवी कि कहाँ रहुवऽ रतिया
लागि गउवे गोली नियर
लागि गउवे गोली नियर उनका के बतिया
मुहँवे से निकसेला
मुहँवे से निकसेला "राही" अब गरिया
पहुँचले कि ना
उठे हिया में लहरिया, पहुँचले कि ना.
उठे हिया में लहरिया, पहुँचले कि ना.

फेंक दिहले थरिया,
फेंक दिहले थरिया, बलम गइले झरिया पहुँचले कि ना.
फेंक दिहले थरिया,
फेंक दिहले थरिया, बलम गइले झरिया पहुँचले कि ना.
उठे हिया में लहरिया, पहुँचले कि ना.
उठे हिया में लहरिया, पहुँचले कि ना.