भोजपुरी गीत गवनई - 5

Bhojpuri Songs with full transcripts

लीं सुनीं शारदा सिन्हा के आवाज में विवाह गीत :-

Transcript of the song :

हम त मंगनी आजन बाजन
हम त मंगनी आजन बाजन
सिंहा काहे लवले रे
आरे सिंघा काहे लवले रे
तू त बाड़े दाढ़ी में
बन्दूक काहे लवले रे
तू त बाड़ेदाढ़ी में
बन्दूक काहे लवले रे

मंगनी के टोपी समधी
मंगनी के टोपी समधी हमका देखवले रे
आरे हमका देखवले रे
तू त बाड़े दाढ़ी में
बन्दूक काहे लवले रे

हम त मंगनी गोरा गोरा
हम त मंगनी गोरा गोरा
करिया काहे लवले रे
आरे करिया काहे लवले रे
तू त बाड़े दाढ़ी में
बन्दूक काहे लवले रे

मंगनी के कुरता समधी
मंगनी के कुरता समधी हमका देखवले रे
आरे हमका देखवले रे
तू त बाड़े दाढ़ी में
बन्दूक काहे लवले रे

हम त मंगनी बांका छैला
हम त मंगनी बांका छैला
बुढ़वा काहे लवले रे
आरे बुढ़वा काहे लवले रे
तू त बाड़े दाढ़ी में
बन्दूक काहे लवले रे

मंगनी के धोती समधी
मंगनी के धोती समधी हमका देखवले रे
आरे हमका देखवले रे
तू त बाड़े दाढ़ी में
बन्दूक काहे लवले रे