भोजपुरी गीत गवनई - 5

Bhojpuri Songs with full transcripts

कल्पना के आवाज में - प्यार के रोग भइल :-

Transcript of the song :

आव गुड्डी आवऽ

तू एतना प्यार करेलऽ हमरा से ई हमरा आजु पता चलल. का गरज रहे लइकी बन के डोमकच में अइला के ? चोट त नाहीं लागल तोहके ?

हम तोहरा से प्यार करीला गुड्डी.

प्यार त हमहू करीले झूलन, तोहरा से. जिनिगी का सूखल बाग में बहार आ गइल बा. मुरझाइल रुपवा पर सिंगार आ गइल बा. का जाने कवन मन्तर मार देले बाड़ऽ...

आँख जबसे लड़ल, प्यार के रोग भइल
आँख जबसे लड़ल, प्यार के रोग भइल
आँख जबसे लड़ल, प्यार के रोग भइल
रउवां मिल गइनी हेम, अजबे संजोग भइल.
आँख जबसे लड़ल, प्यार के रोग भइल

लोग जी जाला हो, बिछुड़ के यार से
लोग जी जाला हो, बिछुड़ के यार से
लोग जी जाला हो, बिछुड़ के यार से
हम त ना जी पायेम, जे हमके वियोग भइल.
हम त ना जी पायेम, जे हमके वियोग भइल.
रउवां मिल गइनी हमे, अजबे संजोग भइल.
आँख जबसे लड़ल, प्यार के रोग भइल

रउवें से देहियां बा, रउवें हईं नेह नजर
रउवें से देहियां बा, रउवें हईं नेह नजर
रउवें से देहियां बा, रउवें हईं नेह नजर
रउवें से देहियां बा, रउवें हईं नेह नजर
प्यार ला जिहीं मरी, इहे अब जोग भइल
प्यार ला जिहीं मरी, इहे अब जोग भइल
रउवां मिल गइनी हमे, अजबे संजोग भइल.
आँख जबसे बा लड़ल, प्यार के रोग भइल

अब त अंजाम जे हो, विनय देखल जाई
अब त अंजाम जे हो, विनय देखल जाई
अब त अंजाम जे हो, विनय देखल जाई
शिकवा केकरा से करीं, बैरी सब लोग भइल
शिकवा केकरा से करीं, बैरी सब लोग भइल
रउवां मिल गइनी हमे, अजबे संजोग भइल.
आँख जबसे बा लड़ल, प्यार के रोग भइल
शिकवा केकरा से करीं, बैरी सब लोग भइल
आँख जबसे लड़ल, प्यार के रोग भइल
प्यार के रोग भइल