भोजपुरी गीत गवनई - 8

Bhojpuri Songs with full transcripts

भोजपुरी गीत गवनई में श्रृंगार रस के प्रधानता रहेला. कई बेर कुछ बात हमनी के बेजांयो लाग सकेला बाकिर गांव जवार समाज में जवन मान्य बा ओकरा के अनदेखा ना कइल जा सके. भोजपुरी गीत गवनई के हिन्दी भा कवनो दोसरा भाषा के मापदण्ड पर कसल उचित ना कहाई. भोजपुरिया समाज में देवर भउजाई, जीजा साली का बीच के हंसी मजाक कई बेर पढ़ल लिखल सभ्य समाज के फूहड़ लाग जाला बाकिर ओह नोंक झोंक शिकवा शिकायत के मिठास के देखीं त फूहड़पन ना लउकी.

अब इहे गीत सुन लीं जवना में एगो मेहरारू अपना प्रवासी पति के पाती पठावत बिया कि जल्दी से आ जाईं ना त देवरवा....

अगर रउरा लागो कि ना अइसनको गीत ना दिहल जाव त राउर फैसला सिर माथे. चिट्ठी लिख भेजीं.

Transcript of the song :

का ऐ भउजी, काहे एगऽ बिसमाधल बाड़ू हो ? काहे एंगऽ मुँह फुलवले बाड़ू ? का बात हऽ ?

का कहीं ए बबुआ जी, जब से राउर भईया गइलें तबसे हमार कवनो खोज खबर ना लिहलें. आ ओहि में देवरवा अलगे अकरहर के बिया बोवले बा. बाप रे, इ कम मुसकेल कइले बा जी. दिन भर घरहीं में घुरियाइल रहऽता. आ बेर बेर हमरे कियोर ताकऽता. ना जाने का देखऽता. उहे त कहऽतानी. एकरे करनमवा तू लिख ना दऽ.

केकरा से कहीं अपना
केकरा से कहीं अपना दिलवा के हाल, ततकाल अइहऽ
देवरा कटले बावे गाल, ततकाल अईहऽ.
देवरा कटले बावे गाल, ततकाल अईहऽ.

केकरा से कहीं अपना
केकरा से कहीं अपना दिलवा के हाल, ततकाल अइहऽ
देवरा कटले बावे गाल, ततकाल अईहऽ.
देवरा कटले बावे गाल, ततकाल अईहऽ.

कबो कहे मुनिया रे, कबो ललमुनिया
कहे भउजी जान मारे, नाक के नथुनिया
कबो कहे मुनिया रे, कबो ललमुनिया
कहे भउजी जान मारे, नाक के नथुनिया
नथुनी भइल बा हमरा जिउवा के काल, ततकाल अइहऽ
देवरा कटले बावे गाल, ततकाल अईहऽ.
देवरा कटले बावे गाल, ततकाल अईहऽ.

घरहीं में देवरा रहे ला घुरियाइल
ना जाने का एकरा मन में बा समाइल
घरहीं में देवरा रहे ला घुरियाइल
ना जाने का एकरा मन में बा समाइल
सूतेला दुअरिये पर,
सूतेला दुअरिये पर, खटिया इ डाल, ततकाल अइहऽ
देवरा कटले बावे गाल, ततकाल अईहऽ.
देवरा कटले बावे गाल, ततकाल अईहऽ.

शाही हो देवरवा के लाग जाई मोका,
शाही धर्मनाथ के, लाग जाई मोका.
ताहि दिने हमरा संगे हो जाई धोखा
शाही धर्मनाथ के, लाग जाई मोका.
ताहि दिने हमरा संगे हो जाई धोखा
नीक नइखे लागत गुरु,
नीक नइखे लागत गुरु, देवरा के चाल, ततकाल अइहऽ
देवरा कटले बावे गाल, ततकाल अईहऽ.
देवरा कटले बावे गाल, ततकाल अईहऽ.