भोले शंकर के सौ दिन

निर्देशक पंकज शुक्ल क कलम से, सिर्फ अँजोरिया.कॉम पर

मिथुन-मनोज तिवारी के भोजपुरी फिलिम भोलेशंकर सौ दिन पूरा कर लिहलसि.

Pankaj Shuklaबिहार में फिलिम के वितरण करे वाली कंपनी यशी फिल्म्स का आंकड़ा मुताबिक फिलिम के खाली बिहार से कमाई करीब पौन करोड़ हो गईल बा आ पांच गो सिनेमा हाल में अबहियों चल रहल बा. समुझ में ना आवे वाला बात ई बा कि भोजपुरी फिलिमन के बिहार में जवन कमाई होला ऊ प्रोड्यूसर तकले काहे ना चहुँपे. का भोजपुरी सिनेमा के रीढ़ तूड़े खातिर ऊ वितरक जिम्मेदार नईखन जे फिल्म बनावेवालन के वाजिब हक मार लेबे के किरिया जइसन खा लिहले बाड़न ? कवनो फिलिम के प्रोड्यूसर आपन खून पसीना के कमाई जोड़ के एगो फिलिम बनावे के हिम्मत करेला त का ऊ कवनो गुनाह करेला ? अईसनका ढेरे गैर भोजपुरी भाषी निर्माता बाड़ें जे भोजपुरी सिनेमा के अपनवले बाड़न आ दोसरोलोग अपनावल चाहत बा. बाकिर सबका मन में एके गो अनेसा बा कि बिहार के वितरक उनुका फिलिम से होखे वाली कमाई उनुका तक चहुँपे दीहें कि ना ? आ भोजपुरी सिनेमा में मंदी के दौर के सबले बड़ कारण इहे बा.

अपना वाजिब हक खातिर भोजपुरी फिलिम बनावे वाला निर्माता लोगन के एक मंच पर आवल बहुते जरूरी बा. भोजपुरी सिनेमा के आपन गौरव पावे के बा त एहमें से बिचौलियन के भूमिका खतम करहीं के पड़ी आ फिलिम के वितरण के अइसन कवनो सिस्टम बनावे के पड़ी जवना में पाई पाई के हिसाब निर्माता आ वितरक का बीचे पानी लेखा साफ होखे. आम आदमी के त बाते छोड़ दीं, फिलिम निर्माण से जुड़लो लोग के ई पता नइखे कि बिहार में कवनो बाहर के आदमी के फिलिम वितरण मेंघूसे पर अघोषित पाबन्दी बा. आ जबले बिहार सरकार एह पाबन्दी के दूर नईखै कर देत तबले फिल्म नगरी में बिहार के हमेशा शंका का नजर से देखल जात रही. आपन हक पावे खातिर निर्मतो लोग पहल करे आ बिहारो सरकार खाली जमीने दे के किनारे मत चलि जाव बलुक कोशिश करो कि सिनेमा कारोबार में पारदर्शिता आवे, तबहियें सबके आपनआपन वाजिब हक मिल पाई.

फिलिम भोलेशंकर में अपना पहिलका सीन में मिथुन चक्रवर्ती इहे कईलन. मिथुन एह फिलिम खातिर पहिलका दिने ऊ शाट दिहलन जवना में भोले के दोस्त संतराम उनुका लगे गौरी के अपहरण हो जाये के खबर ले के आवत बा. कमालिस्तान के क्रिस्टल हाउस में एह सीन के शूटिंग होखे के रहुवे आ हमनी का तय समय पर माल असबाब ले के चहुँप गईनी सन. मिथुन खातिर हम फिलिम गुलामी में उनुका कास्ट्यूम से मिलत जुलत ड्रेस तईयार करवले रहनी आ जब पीच कलर के ऊ ड्रेस पहिर के मिथुन कैमरा का सोझा अईलन त पूरा यूनिट दिल खोल के ताली बजवलसि. एकरेके कहल जाला असली सितारा के चमक. मिथुन के बतौर कलाकारो आ बतौर एगो इंसानो बालीवुड के बच्चा बच्चा पसन्द करे ला. ऊ भोजपुरी सिनेमा में काम करे खातिर तईयार भईलन ई उनुकर बड़प्पन रहे.

लोग हमरा से अबहियों पुछेला कि आखिर दादा मिथुन चक्रवर्ती फिलिम भोलेशंकर में काम करे खातिर तईयार कइसे भईलन ? फिलिम भोलेशंकर खातिर हँ कहे से पहिले मिथुन कम से कम दस गो फिलिमन के प्रस्ताव ठुकरा चुकल रहलन. ईहां तक कि बिहार के बड़ डिस्ट्रीब्यूटर आ प्रोड्युसर डाक्टर सुनील से भईल झगड़ा के जड़ो में एगो भोजपुरिये फिलिम रहुवे. बाकिर ना त हमनी के एकरा बारे में पहिले से पता रहे ना ही हमरा एह बात में इचिको इमानदारी लउकेला कि एगो कलाकार के फिलिम भारत के कवनो सूबा में एह चलते प्रदर्शित ना होखे दिहल जाव कि ऊ कलाकार सूबा के कवनो नेता के फिलिम में काम नइखे करे चाहत. मिथुन चक्रवर्ती के हिन्दी फिलिमन पर बिहार में रिलीज करे खातिर एक लाख के जुरमाना लगावे वाला लोग फिलिम भोले शंकर के बिहार में रिलीज होखे देबे खातिर दस लाख रुपिया माँगत रहलें. ई बा मिथुन के पहिलका भोजपुरी फिलिम के बिहार में क्रेज.

कहल सुनल माफ,

पंकज शु्क्ला
निर्देशक भोले शंकर


(पाठक आपन प्रतिक्रिया पंकज शुक्ल के pankajshuklaa@gmail.com पर भेज सकेलें.)

27 Dec 2008

भोले शंकर कालर ट्यून

भोजपुरी फिलिम भोले शंकर के गाना के ट्यून वोडाफोन के ग्राहकन खातिर कालर ट्यून का रुप में उपलब्ध बा

CT लिख के गाना के कोड लिख दीं आ 56789 पर एसएमएस कर दीं. ऊ गाना राउर कालर ट्यून बन जाई. गाना चुने के खरचा १५ रुपया, एक महीना के सेवा शुल्क ३० रूपिया आ एसएमएस करे में तीन रुपिया लागी.

1 दिल के हाल बताईं कइसे11200975
2 जब जब आवे याद 11200981
3 जय हो छठ मईया 11200978
4 केहू सपना में 11200977
5 केहू सपना में रिपीट11200980
6 नाक के नथिया11200979
7 पिया मोरा गइले रामा11200982
8 रे बौराई चंचल किरिनिया11200974
9 तोरी मरजी11200976