सोमार, १२ जनवरी २००९

RaviKishan

बाबूजी के बात मानके चुनाव ना लड़ीहें

कुछ दिन पहिले सुने में आइल रहे कि रविकिशन जौनपुर से चुनाव लड़े वाला बाड़े. अब बाकायदा एलान भईल बा कि रविकिशन चुनाव ना लड़ीहें काहे कि उनुकर बाबूजी पंडित श्यामनारायण शुक्ला के हुकुम बा.

रविकिशन बसपा भा भाजपा से जौनपुर से चुनाव लड़े के मन बना लिहले रहलन. मणिरत्नम के फिलिम रावण का शूटिंग झाँसी में करावत ओहिजे से फोन पर अपना बाबूजी से लमहर बात कईलन. बाकिर उनकर बाबूजी एह बात के घोर विरोध कइलन. कहलन कि अगर इलाका के पूरा समय दे सकत होखऽ तब त चुनाव लड़ऽ ना त ना.

आ रविकिशन के व्यसतता के आलम इ बा कि नवम्बर ले उनुका लगे कवनो डेट नइखे बाँचल. ऊ सबले व्यस्त भोजपुरिया सितारा हउवन आ उपर से हिंदी सिनेमो में उनुकर मांग बढ़ गइल बा. अबहीं एक दर्ज फिलिम उनुका लगे बा.

रविकिशन जौनपुर का जनता से माफी मंगले बाड़न आ कहले बाड़न कि अपना इलाका खातिर काम करत रहिहन. मतलब कबो समय मिली त लड़िये जईहन.

(उदय भगत,फोन - 9967485359) ९ जनवरी ०९

पांच सौ डांसरन का बीच रवि किशन

मणिरत्नम के चर्चित फिलिम रावण के शूटिंग आजुकाल्हु झाँसी का लगे ओरछा में चल रहल बा. पिछला हफ्ता रविकिशन पर एगो गाना फिल्मावल गइल जवना में साउथ से ५०० डांसरन के बोलवावल गइल रहे. कोरियोग्राफर गणेश आचार्य के निर्देशन में ए आर रहमान के गावल गीत पर एह डांस के शूटिंग करावल गईल.

रावण के चर्चा त बहुते हो रहल बा बाकिर ओकर कथावस्तु का बारे में कवनो जानकारी नइखे मिलत. तबहियो उड़त पुड़त खबर बा कि फिल्म में अबिषेक बच्चन आ रवि किशन दू गो दलित जाति के युवकन का किरदार मे बा लोग. अफवाह के हाथ गोड़ ना होला बाकिर उड़ेला खूब. केहू कहत बा कि अभिषेक रावण, रविकिशन विभीषण, एश्वर्या सीता आ साउथ के स्टार विक्रम राम का भूमिका में बा लोग. सांच का बा से त फिलिम रिलीज होखेल पर मालूम होखी. तबले अफवाहन के उड़े दिहल जाव.

(उदय भगत,फोन - 9967485359) ९ जनवरी ०९

The DancingQueen Sambhawna Seth

टीवी सीरियल डांसिंग क्वीन में कम्पटीशन टफ भईल

भोजपुरी सिनेमा के हेलन का नाम से मशहूर संभावना सेठ अपना मुकाबला में खड़ा लोगन के तिगनी के नाच नचा दिहले बाड़ी आ ऊह लोग के नींद हेरा गईल बा. संकेत मिलत बा कि प्रोग्राम के जज लोग भी उनुके के पसन्द कर रहल बा.

संभावना नृत्य कला के कवनो औपचारिक प्रशिक्षण नइखी लिहले बाकिर जवना कुशलता से ऊ भरतनाट्यम पेश कइले तवन सराहे योग्य रहुवे. असल में जवना काम में मन लाग जाला तवना में निपुणता आवते जाला. कलर चैनल पर ई प्रोग्राम हर शुक आ शनिचर के रात दस बजे आ रहल बा.

फोक जलवा मे भोजपुरी गीत संगीत के आनन्द

ईटीवी बिहार झारखंड आ यूपी उत्तरांचल पर देखावल जा रहल फोक जलवा में भोजपुरी संगीत विधा के मनमोहनी प्रस्तुति हो रहल बा. पिछलका शनिचर का दिने नीतु कुमारी के गावल -

का हो गईल धनि मोतियन के गागर
ओहि ओसरवा में मोतियन के गागर
का हो गईल धनि मोतियन के गागर
सासुजी अइली देवता पूजन के
ले गईली हो दखी मोतियन के गागर

आ रामदरश शर्मा के गावल

पानी के पियासल हरिना जमुनवा दहि रे जाय
देखनी में देखनी रे बहिना हरिनवा एक रे जात
हाथ गोड़ बन्हले बहेलिया हरिनवा टंगले जात
बांहि गोड़ टूटै रे बहेलिया तोरा जोनरा पड़े रे घुन
पाव भर मांसु के खातिर मोर मंगिया कइले रे सून

मन के छू लिहलसि.

शिवजी तिवारी चईता गवले बाकिर मजा ना आइल. प्रोग्राम के आकिर में शारदा सिन्हा के गावल बिदेसिया -

गवना कराई सईंया घरे बईठवले से
अपने चलल परदेस रे बिदेसिया
अमवा मोजरि गइले लगले टिकोरवा से
दिन पर दिन पियराय रे बिदेसिया

में प्रवासी के घरे छूटल पत्नी के विरह वेदना टपकत रहे.