जैकी श्रोफ आ रविकिशन के बलिदान

भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन आ हिन्दी फिल्मन के जग्गू दादा यानि कि जैकी श्रोफ जल्दिये एक साथ दिखाई दीहि लोग भोजपुरी फ़िल्म बलिदान में. एह फिलिम के भव्य मुहूर्त हालही में मुंबई का साउंड सिटी स्टूडियो में संपन्न भइल. निर्माता विश्वनाथ शेट्टी आ निर्देशक के.डी. के एह फ़िल्म में अभिनेत्री रिंकू घोष, कोरियोग्राफर राजीव दिनकर, अनिल यादव आ नवोदित अम्बिका मुख्य किरदार में बा लोग.

Ravi Kishan and Jacky Shroff with others

मुहूर्त क नारियल रवि किशन तूड़लन आ गायिका कल्पना फ़िल्म क पहिला गाना गाके फ़िलिम के विधिवत रूप से शुभारंभ कइली. एह मौका पर भोजपुरी फ़िल्म जगत के तमाम दिग्गज बलिदान के टीम के बधाई देबे खातिर मौजूद रहलन. रविकिशन एह फ़िल्म में दोहरी भूमिका में बाड़े आ राजीव दिनकर रविकिशन के छोटे भाई का भूमिका में. जैकी श्रोफ के भूमिका का बा ई अबही रहस्य बा, वइसे कहल जात बा कि जैकी श्रोफ एगो मजगर भूमिका में बाड़े. उनकर एगो अलगे अंदाज़ बलिदान में देखे के मिली.

फ़िल्म के कथा पटकथा मसूद पटेल लिखले बाड़े. बकौल रविकिशन फ़िल्म के कहानी काफी दमदार बा एहसे जब निर्देशक के.डी. उनका के कहानी सुनवलन त ऊ तुरते हँ कर दिहहलन. बतावे लायक बा कि के.डी. भोजपुरी फ़िल्म जगत के निरहुआ रिक्शा वाला, श्रीमान ड्राइवर बाबू , मुन्ना बजरंगी, जइसन सुपर हिट फिल्म दिहले बाड़न आ उनकर एगो आउरीओ फिल्म कबहू छूटे ना ई साथ प्रदर्शन खातिर तइयार बा.


स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359