Poster of Umariya Kailee Tohare Naam

उमरिया कईली तोहरे नाम २८ अगस्त से रिलीज

आर.एस.दुबे पिक्चर्स क बैनर तले निर्माता निर्देशक आर.एस.दुबे के फिलिम उमरिया कईली तोहरे नाम बिहार के २५ सिनेमाघरन में एह २८ अगस्त से प्रर्दशित होखे जा रहल बा. रानी चटर्जी, पवन सिंह, दिव्या देसाई, राजेश विवेक, मेहनाज, पुष्पा वर्मा, उत्तम झा, अशोक नारायण, महेश राज आ नवोदित आशीष गुप्ता अभिनीत उमरिया कईली तोहरे नाम के संगीत पहिलही से ही धूम मचवले बा. एह फ़िल्म की सबले बड़ खासियत बा स्वर कोकिला लता मंगेशकर आ संगीतकार राम लक्ष्मण के जोड़ी पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिलिम में साथे साथ आवल.

Lata sings for Umariya Kailee Tohare Naam

फ़िल्म के एगारहो गाना एक से बढ़के एक बा जवना के मधुर आवाज दिहले बाड़ी ख़ुद लता मंगेशकर, आ उदित नारायण, उषा मंगेशकर, सुनिधि चौहान, इंदु सोनाली आ आज के सबसे लोकप्रिय भोजपुरी गायक पवन सिंह. उमरिया कईली तोहरे नाम में दू गो आइटम नम्बर बा जवना पर आपन मादक अदा बिखेरले बाड़ी भोजपुरी क नम्बर वन आइटम डांसर सीमा सिंह आ कविता सिंह.

फ़िल्म के निर्माता निर्देशक आर.एस.दुबे का मुताबिक उमरिया कईली तोहरे नाम खास कर के एगो मनोरंजक पारिवारिक संगीत प्रधान फ़िल्म हऽ, जवना में रोमांस, एक्शन, कॉमेडी आ इमोशन के भरपूर झलक बा जवना के हर वर्ग के दर्शक पसन्द करीहें. साथ ही फ़िल्म में अन्धविश्वास का खिलाफो संदेश बा.

बहरहाल उमरिया कईली तोहरे नाम के गाना के दीवाना लोग के बेसब्र इंतज़ार अब खतम हो रहल बा.