पवन सिंह - रूबी के ओढ़निया कमाल करे

भोजपरी सिनेमा के नौजवान सुपर स्टार आ लोकगायक पवन सिंह आ अदाकारा रूबी सिंह के रोमांटिक जोड़ी ले के आ रहल बिया भोजपुरी फिलिम ओढ़निया कमाल करे. एस॰ए॰ पिक्चर्स हाउस का बैनर में बनत एह फिलिम में रोमांटिक फेमिली ड्रामा के निर्माता बाड़े रामजनक जायसवाल आ निर्देशक अरविन्द चौबे.

Odhaniya Kamal Kare

ओढ़निया कमाल करे में पवन सिंह आ रूबी सिंह नैना लड़ावतो लउकी लोग आ ठुमको लगावत. संगे संगे बा लोग आनन्द मोहनम अवधेश मिश्रा, जय सिंह, पवन मिश्रा, रत्नेश बरनवाल, माया यादव, आ डाली यादव. एकर गाना लिखले बाड़े विनय बिहारी आ संगीत से सजा रहल बाड़े बाबा जागीदार. कहानी ओमप्रकाश यादव के हऽ, छायाकारी प्रमोद पाण्डे के, संपादन जीतेन्द्र सिहं जीतू के, एक्शन शकील शेख के, आ कला इंद्रजीत शर्मा के. जसवंत कुमार जायसवाल एकर कार्यकारी निर्माता हउवन.

शूटिंग पूरा हो गइला का बाद अबही फिलिम के संपादन के काम चल रहल बा.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624