अमिताभ का राहे चललन सुदीप पाण्डेय

Sudip Pandey

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार सुदीप पाण्डेय सदी के महानायक अमिताभ बच्चन के पद चिन्हन पर चलत बाड़े. एही राहे ऊ अमिताभ बच्चन के यादगार किरदार शराबी के भोजपुरी पर्दा पर जीये जा रहल बाड़े. सुदीपा पाण्डेय के भोजपुरी में बनावल जा रहल फिल्म शराबी के नायक के भूमिका दिहल बा आ सुदीप ओही हाव भाव में लउकिहन जवना में कवनो पिक्कड़ शराबी लउकेला.

शराबी फिल्म में सुदीप के नायिका बाड़ी दक्षिणी सिनेमा के हसीन अदाकारा सुहासिनी. शराबी के निर्देशन के जिम्मेदारी सुमित राय उठवले बाड़े. सुदीप के कहनाम बा कि शराबी के किरदार उनका खातिर बहुते चुनौती भरल बा. कहलन कि एह किरदार खातिर ऊ जम के लगन से अभ्यास कर रहल बाड़े आ उनका पूरा भरोसा बा जे दर्शको लोग के उनकर किरदार जरुरे पसन्द आई.

पुछला पर कि राउर तुलना त शराबी के अमिताभ बच्चन से होखी, सुदीप कहलन कि अइसन सवाल पुछ के उनका के लजवाईं जन. अमित जी के किरदार के इचिकियो भर हम निबाह पाईं त हमरा खातिर ऊ कवनो उपलब्धि से तनिको कम ना होखी. आ ऊ अपना के धन्य मनिहन.

फिल्म के मुहुर्त हो चुकल बा आ जल्दिये इ फिलिम फ्लोर पर आवे वाली बा.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624