के बनी भोजपुरिया रावण?

Producer Jitesh Dubey

सिनेमा जगत में आजुकाल्ह ई खबर तेजी से उड़ रहल बा कि आखिर केकरा मौका मिली भोजपुरिया रावण बने के आ के होखी जे रावणो बन के लोग के दिल जीत लीहि.

मुन्नी बाई नौटंकी वाली आ धर्मवीर जइसन फिलिम बनावे वाला निर्माता जीतेश दूबे आ गब्बर सिंह के निर्माता महेश पांडे पहिलका बेर मिल जुल के एगो भोजपुरी फिलिम बना रहल बाड़े जवना के नाम रखाइल बा बृजवा. भारी भरकम सेट वाली एह फिलिम खातिर अब ले कम से कम दू दर्जन कलाकारन के आडिशन लिहल जा चुकल बा. उड़त बात पर कान दीहिं त मिथुन चक्रवर्ती आ जैकी श्राफो से बात भइल बा.

बृजवा के निर्देशक मंजुल ठाकुर आ निर्माता मुकेश पांडे आ पायल दूबे के कहनाम बा कि अब ले ऊ लोग बृजवा जइसन मजगर किरदार खातिर केहू के फाइनल नइखे कइले. हँ, बाकि जल्दिये फाइनल कर ली लोग.

भोजपुरी फिलिम बृजवा में तमाम दिग्गज कलाकार काम कर रहल बाड़े. तिन गो नायक वाली एह फिलिम के लेके पूरा टीम उत्साह में बा. बस देखे के इहे बा कि भोजपुरिया रावण बृजवा बने के मौका केकरा मिलत बा आ कौन कलाकार रावणो बन के भोजपुरियन के दिल जीते के कूवत राखत बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806