मनोज तिवारी आ महुआ टीवी के नम्बर वन सुर संग्राम

भोजपुरी सिनेमा के महानायक मनोज तिवारी के जादू आजुकाल्ह छोटका परदा के छपले बा. बिहार आ उत्तरप्रदेश के प्रतिभागियन के बीच के संगीत प्रतियोगिता सुर संग्राम में मनोज तिवारी के जादू लोग का सिरमाथे चढ़ गइल बा. एह शो में जतने सेलेब्रिटी लोग आ रहल बा सबके सब मनोज तिवारी के गुणगान करत बाड़े.

रविन्द्र जैन कहलें कि मनोज तिवारी मेरा छोटा भाई है ओर वह जिस तरह से सुरसंग्राम का संचालन कर रहें हैं वह दुनिया भर के तमाम भोजपुरियों में रोमांच पैदा कर रहा है. अनूप जलोटा कहलें कि मनोज तिवारी के प्रतिभा वाकई बेमिसाल बा. सुरसंग्राम में अइसनका पहिला बेर हो रहल बा जब कवनो शो के संचालक खुदे प्रतिभागियन के हौसला अफजाई करे. उनकर खअस बात ई बा कि दुनिया भर के करोड़ो भोजपुरिया उनका के जाने ले बाकि ऊ केहू के ना लागे देलें कि ऊ अतना बड़ स्टार हउवन. सबका संगे उनकर व्यवहार देख के ऊ एगो कुशल संचालक लउकेले.

Manoj Tiwari in Sur Sangram on Mahuaa TV

महुआ आ मनोज तिवारी के बेहतरीन तालमेल का वजह से सुरसंग्राम आजु छोटका परदा पर कई गो बड़ बड़ धारावाहिकन के पानी पिया दिहले बा. मनोज तिवारी सुरसंग्राम के सफलता के श्रेय देखनिहारन के देलें आ कहले कि अबही त संगीत के एह महासमर में कई गो रोमांचक मुकाबिला होखे वाला बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806