मुंबई में बवाल मचाई - जाड़े में बलमा प्यारा लगे

बिहार में सुपर डुपर हिट हो चुकल भोजपुरी फिल्म जाड़े में बलमा प्यारा लगे अब मुंबई के दर्शकन के दिले जीते आ रहल बिया. एह फिल्म के कई गो खासियतन में से एगो बा ठेठ भोजपुरिया नायक का भूमिका में रहत भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनन्द भोजपुरिया कृष का किरदारो में बाड़न. साथही बाड़ि हॉट एण्ड हीट गर्ल मोनालिसा.

Vinay R Anand and Bali in Jade me Balma Pyara Lage

एह फिल्म के मुंबई में रिलीज करे वाली कंपनी अनूप इंटरप्राइजेज मुन्नी बाई नौटंकी वाली आ धर्मवीर के चर्चित निर्माता जीतेश दूबे के फिल्म वितरण कंपनी हियऽ. जीतेश दूबे के पूरा भरोसा बा कि जाड़े में बलमा प्यारा लगे बिहार का तरह मुंबईयो में सफलता के नया इतिहास रची. विनय आनन्द के कहनाम बा कि उनकर भूमिका देख के भोजपुरिया दर्शक जरुरे चऊँक जइहे. मोनालिसा के कहनाम बा कि निर्माता मुकेश गोयल के एह फिलिम में उनकर भूमिका सनसनी फइलावे वाली बा.

Vinay R Anand and Monalisa in Jade me Balma Pyara Lage

त चलीं तईयार हो जाइल जाव जाड़े में बलमा प्यारा लगे देखे खातिर.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806