भोजपुरी सिनेमा के बादशाह हउवन निरहुआ

जवना तरह हिन्दी सिनेमा में शाहरूख खान के सफलता का चलते उनका के किंग कहल जाला ओहि तरह भोजपुरी सिनेमा में एह सम्मान के अकेला आ एकमात्र हकदार सुपर जुबिली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ बाड़े. उनका फिलिमन के अपार सफलता देख के उनका के भोजपुरी सिनेमा के बादशाह कहल जा रहल बा. आ काहे ना कहो, जब एह साल २००९ में उनकर जतना फिलिम रिलीज भइली सन, सब के सब सुपर हिट रहली सन. अतना सफलता, साँच कहीं त कवनो भाषा के कलाकार के नइखे मिलल.

Nirahua Dinesh Lal Yadav

एह साल निरहुआ अपना सफलता के शुरुआत साल का शुरु में रिलीज भइल प्रतिज्ञा से कर दिहलें, फेर दोसरका फिलिम मार्च में आइल हो गइनी दीवाना तोहरे प्यार में, तीसरका दीवाना, चउथका अपना छोट भाई प्रवेशलाल यादव का साथ चलनी के चालल दुल्हा, आ अब आइल बा प्रेम के रोग भइल. ई सगरी फिलिम सफल रहली सन आ अबहियो अपना राह पर बढ़त जा रहल बाड़ी सन. एह तरह एक साल में पांच हिट फिलिम दे चुकल बाड़े भोजपुरी सिनेमा के बादशाह निरहुआ.

एह घरी ऊ हैदराबाद में निरहुआ न॰१ का शूटिंग में व्यस्त बाड़न. ओहिजा तेलुगू फिलिमन के निर्माता निरहुआ के काम के बड़ाई देख सुन के उनका के तेलुगू फिलिम तराखा से तेलुगू फिलिमन में काम करे के मौका दे दिहलें.

अपना फिल्मी कैरियर में निरहुआ गायक, गीतकार, संगीतकार, अभिनेता, वितरक, आ फिलिम निर्माता हर रूप में काम कर के हर क्षेत्र में आपन अलगे मुकाम बनवले बाड़े. फिलिमन खातिर गावे का अलावा ऊ विदेशन में पाँच सौ से बेसी शो, गायका का रूप में करीब अढ़ाई सौ अलबम, गीतकार का रूप में सैकड़न गीत, संगीतकार का रुप में दर्जनो अलबम, वितरक का रुप में करीब आधा दर्जन फिलिम कइला क बाद अब निर्माता का रुप में दू गो फिलिम. चलनी के चालल दुल्हा आ प्रेम के रोग भइल, बना चुकल बाड़े. फिल्म का हर विधा में अव्वल रह के निरहुआ साबित कर दिहले बाड़न कि ऊ भोजपुरी सिनेमा के बादशाह हउवन. हम त बस इहे कहब कि शाबास बादशाह निरहुआ, लागल रहऽ राजा जी आ एही तरह देश विदेश में भोजपुरी के डंका बजावत रहऽ.


स्रोत अशोक भाटिया, टोटल मीडिया पिपुल, मुंबई. फोन 09221232130, 02228777911