निरहुआ डबल रोल में

भोजपुरी सिनेमा के बादशाह जुबिली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के त कवनो जबाबे नइखे. बात चाहे एक्शन के होखो भा रोमांटिक लुक के, ऊ सब गेटअप में फिट हो जालन. बाकि अबकी पहिलका बेर निरहुआ एगो नया अंदाज में सामने आ रहल बाड़े आ ऊ हऽ डबल रोल में.

Aged Nirahua in Parivaar Young Nirahua in Parivaar

यशी फिल्म्स इंटरनेशनल के भोजपुरी फिल्म परिवार में निरहुआ डबल रोल कर रहल बाड़न. ऊ डबल रोल बा बड़ भाई आ छोट भाई के. बड़का भाई परिवार के मुखिया हऽ जवना के नायिका बननल बाड़ी रानी चटर्जी. एह किरदार में निरहुआ उमिरदराज लउकिहन जबकि छोटका भाई वाला रोल में ऊ रहीहन नवजवान रोमांटिक हीरो. आ ओह हीरो के हीरोइन रहीहें पाखी हेगडे. एह डबल रोल में निरहुआ कबो रोमांस करत नजर अइहें त कबो दुश्मन के छक्का छोड़ावत.

मशहूर निर्माता अभय सिन्हा के बनावल एह फिल्म के निर्देशन कर रहल बाड़े असलम शेख. आ एह फिल्म में दिनेशलाल यादव निरहुआ का अलावे जुनियर निरहुआ प्रवेशलाल यादव, उर्वशी चौधरी, पंकज केसरी, गुंजन पंत, ब्रजेश त्रिपाठी, रौशन खाँ, सत्यनारायण उजाला आ सुदेश कौल बाड़े. दशहरा का मौका पर रिलीज होखे वाली एह बिग बजट वाली फेमिलि ड्रामा फिलिम के गाना विनय बिहारी लिखले बाड़न आ संगीत धनंजय मिश्रा के हऽ.

बकौल निरहुआ डबल रोल के ई उनकर पहिलका अनुभव रहे आ ऊ काफी आनन्द उठवलन एकरा के करे में. कहलें कि परिवार भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में एगो मील के पत्थर साबित होखी जवना के देखे पूरा परिवार एके साथ सिनेमा घर में आई आ देख के ओह लोग के राजश्री के फिलिमन के याद ताजा हो जाई.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624