मनोज टाइगर के हीरो का रूप में लोग पसन्द कइल

Manoj Tiger

कॉमेडियन से हीरो बनल खतरा से खाली ना होला बाकि हास्य अभिनेता मनोज टाइगर भोजपुरी फिलिम पवन पुरवईया आ वाह खिलाड़ी वाह में हीरो बनके आ देखेवालन के ताली बिटोर के साबित कर दिहलन कि ऊ खालि बतासा चाचा बन के हँसावले ना जानसु बलुक पुरवईया आ चरबईया बन के देखे वालन के तालियो बिटोर सकेले. तबहिये त पटना के एलफिन्स्टन सिनेमाहाल में लागल फिलिम देखे आइल सत्तर फीसदी लोग इहे कहल कि ऊ अपना बतासा चाचा के हीरो बनल देखे आइल रहलन आ उनकर काम बहुते बढ़िया लागल. मनोज टाइगर में ऊ सगरी गुण बा जवन कवनो हीरो में होखल चाहीं.

अबले लोग मनोज टाइगर के निरहुआ रिक्शावाला के बतासा चाचा के रुपे में जानत रहले हा. कई लोग खातिर ऊ मनोज टाइगर ना होके बस बतासा चाचा रहलन. बाकिर जब से ई दुनू फिलिम, पवन पुरवईया आ वाह खिलाड़ी वाह, रिलीज भइली सन आ मनोज टाइगर अपना अभिनय कौशल से एह फिलिमन के सुपर डुपर हिट करवलन तबसे लोग उनुका के हीरो मान गइल बा. आजु तकले कवनो कामेडियन के लोग हीरो बनत पसन्द नइखे कइले, चाहे बात हिन्दी फिलिमन के कइल जाव भा दक्षिण भारत के फिलिमन के, भोजपुरी फिलिमन के. जवने कामेडियन हीरो बन के अइलन हूट होके गइलन बाकि मनोज टाइगर एह धारणा के तूड़ दिहलन आ दर्शक उनुका के खूब पसन्द कइले बाड़े.

Pawan and Manoj

हीरो का रूप में अपना सफलता से गदगद मनोज टाइगर कहलन कि एह सफलता खातिर ऊ अपना प्रशंसकन के शुक्रिया दिहल चहीहें बाकि कामेडियन के काम ना छोड़िहन. जब मौका मिली त हीरो बन के आवहूं में उनुका गुरेज ना होखी.

पवन पुरवईया में मनोज टाइगर डबल रोल कइले बाड़न, एगो पुरबईया के आ दोसर चरवईया के. वाह खिलाड़ी वाह में ऊ एगो अलगे अन्दाज में बाड़न. आजुकाल्हु दुनु फिलिम बिहार में गरदा कइले बाड़ी सन.


स्रोत : रंजन सिन्हा, पटना. फोन 09934907699