लकी हीरोइन पाखी हेगडे

Lucky actress Pakhi Hegde

भोजपुरी सिनेमा के अभिनेत्रियन के बात कइल जाव त पहिला नम्बर पर पाखी हेगडे के नाम आई. भोजपुरिया दर्शकन के दिल के पहिलका पसन्द पाखी जहाँ दर्शकन का दिल पर राज करत बाड़ी, ओहिजे निर्माता लोगनो के पहिलका पसन्द बन गइल बाड़ी. ओह पर से अब उनका नाम का साथे एगो तगमा अउरी जुड़ गइल बा, भोजपुरी सिनेमा के लकी हीरोइन होखे के. पाखी हेगडे के नाम कवनो फिलिम के सफलता के गारण्टी अस बन गइल बा. आ ई बात मय आँकड़ा का सा्थे कहल जा सकेला.

पाखी आ निरहुआ के जोड़ी वाली कवनो फिलिम आजु ले बाक्स आफिस पर पिटाइल नइखे. हर फिलिम सुपर हिट साबित भइल बा. निरहुआ रिक्शावाला से ले के हाल में रिलीज प्रेम के रोग भइल के नाम एह शृंखला में लिहल जा सकेला. आ एह दुनु का बीचे अइसनका दर्जन भर फिलिम होखिहन से जे सिल्वर जुबली, १०० दिन, ५० दिन मना चुकल बाड़ी सन.

निरहुआ का बाद अगर रविकिशन का साथ पाखी के जोड़ी वाली फिलिम देखल जाव त अबले एह जोड़ी के एके गो फिलिम आइल बा भूमिपुत्र आ उहो गजब के सफलता दर्ज कइले बा. अतने ना नया नया सितारा बन के आइल पवनो सिंह खातिर पाखी लकी साबित भइल बाड़ी. एह जोड़ी वाली पवन पुरवइया पिछला सात हफ्ता से धूम मचवले बा.

अतना कुछ का बादे काहे ना कहल जाई पाखी के लकी हीरोइन?


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624