भाग्यश्री बनिहन भोजपुरिया देवदास के पारो

हिन्दी फिलिम मैंने प्यार किया से रातो रात स्टार बन जाये वाली अभिनेत्री भाग्यश्री फेर एक हाली तहलका मचावे जा रहल बाड़ी. बाकि अबकी भोजपुरी फिल्म देवदास में पारो बन के. जी हँ, अपना जमाना के मशहूर अदाकारा भाग्यश्री भोजपुरी मे बने जा रहल देवदास में पारो के किरदार निबाहे जा रहल बाड़ी. ऊ एह किरदार खातिर हँ कह चुकल बाड़ी आ उनुका के साइनो कर लिहल गइल बा.

Bhagyashree

भोजपुरी देवदास में भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन देवदास वाला किरदार करीहन. पटना निवासी उमेश सिंह एह फिल्म के बनावे जा रहल बाड़े जवना के निर्देशन किरण कान्त वर्मा करीहें. सिग्मा सिनेविजन का बैनर में बन रहल एह फिल्म के बाकी किरदार खातिर उर्वशी चौधरी आ पंकज केसरी के साइन कइल गइल बा. अक्टूबर महीना से फ्लोर पर जा रहल एह फिलिम के गाना के रिकार्डिंग पूरा हो चुकल बा. गाना ब्रजकिशोर दूबे, डा॰शान्ति जैन, सच्चिदानन्द कवच, आ फणीन्द्र राव के बा जवना के संगीत दिहले बाड़न बैजू बंशी.

भाग्यश्री कहली कि ऊ पहिलहू भोजपुरी फिलिम कर चुकल बाड़ी आ अउर त अउर एगो फिलिम बनवलहू रही, बाकि जब ई प्रस्ताव मिलल त ना ना कह पवली. कहली कि एह किरदार खातिर ऊ भरपूर मेहनत करीहें आ भोजपुरिया दर्शकन के निराश ना होखे दीहें.

अब देखे के बा कि हिन्दी में पारो बनल एश्वर्या का मुकाबिले भाग्यश्री कतना दर्शकन के दिल जीत पाव बाड़ी.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624