शत्रुघ्न सिन्हा आ मनोज तिवारी बनलन इन्टरनेशनल दरोगा

शत्रुघ्न सिन्हा आ मनोज तिवारी के जोड़ी एक बेर फेर से भोजपुरिया दर्शकन का सामने आ रहल बाड़ने इन्टरनेशनल दरोगा में. ई जोड़ी पहिलहू राजा ठाकुर में आके लोकप्रियता के जलजला ले आ चुकल बा. दर्शक एह जोड़ी के खूबे पसन्द कइले रहन.

इंटरनेशनल दरोगा के निर्माण डायनामिक प्रोड्यूसर बीनू सेन गुप्ता कर रहल बाड़े आ निर्देशक बाड़े तेजेश अखौरी. एह फिलिम में एह दुनु जने का अलावा सिक्नदर खरबंदो बाड़न आ तीन गो हीरोइन बाड़ी जा श्रद्धा शर्मा, स्वाति वर्मा, आ लैला. मनोज तिवारी एह फिलिम से बहुते उत्साह में बाड़न आ कहतारें कि तेजेश अखौरी गजब के निर्देशन कर रहल बाड़े. अपराध का पृष्ठभूमि पर बनावल जा रहल एह फिलिम के शूटिंग आजुकाल्ह मुंबई में बड़ा तेजी से चल रहल बा.

Manoj Tiwari and Shatrughna Sinha

साई विजन शो बिज का बैनर में बन रहल एह फिलिम में खलनाय एगो दू गो ना पूरा छह गो बाड़न जा. शक्ति कपूर, दिलीप सिन्हा, शोमेश अग्रवाल, विकास सिंह, अली खान इ मुन्ना जायसवाल. एगो खास किरदार में शीबो बाड़ी. फिल्म के गीत नवाब आरजू, विनय बिहारी आ बिपिन बहार लिखले बाड़े आ संगीत दे रहल बाड़े नतराज. फिलिम के कैमरा में कैद करे के काम कर रहल बाड़े दामोदर नायडू आ जनसम्पर्क के जिम्मा लिहले बाड़े शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा.

त चलीं तइयार हो जाइल जाव देखे के इन्टरनेशलन दरोगा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806