पवन सिंह के डबल धमाका, दुनू एक पर एक

भोजपुरी सिनेमा के यंग सुपर स्टार कहाये वाला पवन सिंह एक महीना का भितरे दू गो धमाकेदार फिलिम देके पूरा इण्डस्ट्री में हलचल मचा दिहले बाड़े. दर्शकन के दीवानगी त देखे लायक बड़लही बा.

Pawan Singh

जुलाई बीच से अगस्त बीच का बीचे पवन सिंह के दू गो फिलिम रिलीज भइली सन, तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ वाड़ू हो आ पवन पुरवईया. तोहार नइखे कवनो जोड़ के दर्शक अतना पसन्द कइलन कि ऊ फिलिम बिहार में रॉक करत आपन पचास दिन पूरा कर लिहलसि आ अब सिल्वर जुबिली का तरफ बढ़ रहल बिया. सफर लम्बा चले वाली बा एकर अन्दाज एहीसे लाग जात बा कि साते हफ्ता में फिलिम पचास लाख के कारोबार कर लिहले बिया आ साबित कर दिहले बिया कि एकर जबाब नइखे. एह फिलिम का दुइये हफ्ता बाद रिलीज भइल पवन पुरवईया जवना में पवन सिंह के डबल रोल बा. कामेडी एक्शन के एह बेजोड़ संगमो के दर्शक हाथो हाथ लिहले बाड़े आ इहो लगातार पांच हफ्ता से बड़हन भीड़ खींच रहल बिया सिनेमा हालन में. एह दुनू फिलिमन के सफलता से साफ हो गइल कि पवन सिंह के अभिनय के दर्शक पसन्द कर रहल बाड़े. दू गो फिलिम लगातार हिट दे के पवन सिंह भोजपुरी फिल्मद्योग के दुलारुआ बन गइल बाड़े आ दर्शकन का साथे साथ निर्मातो निर्देशकन के पहिलका पसन्द बन गइल बाड़े.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624