सोना का बरखा का बीच रिलीज भइल परिवार के आडियो

यशी फिल्म इंटरनेशनल का बैनर तले बनल पारिवारिक संगीतमय फिलिम परिवार के आडियो एगो भव्य समारोह का बीच पटना के होटल मौर्या में बिहार के कला आ संस्कृति मंत्री रेणु देवी, बालीवुड के प्रसिद्ध निर्माता आ इंडियन मोशन पिक्चर्स एसोसिएशन के अध्यक्ष टीपी अग्रवाल, म्यूजिक कंपनी वीनस के प्रमुख चंपक जैन, भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी, पंकज केसरी, प्रवेश लाल यादव, पाखी हेगडे, उर्वशी चौधरी, निर्माता अभय सिन्हा आ अजय सिन्हा आ निर्देशक असलम खान सबका हाथे कइल गइल.

Audio release of Parivaar

दूरदर्शन पर देखावल जा रहल व्हील स्मार्ट श्रीमती शो में भाग लेबे खातिर वाइल्ड कार्ड इंट्री का रुप में पटना के संजू देवी के मौका दिहल गइल जे समारोह में पुछल गइल सगरी सवालन के सही सही जबाब दिहली. अब उनका लगे मौका बा शो के इनाम का रुप में दस लाख रुपया के सोना जीते के. जाने लायक बात बा कि एह फिलिम में पहिलका बेर कवनो ब्रांड के प्रसारित कइल जा रहल बा आ व्हील कंपनी एह तरह से परिवार के एसोसिएट हो गइल बिया. आडियो रिलीज का बाद व्हील स्मार्ट श्रीमती के खेल से दर्शकन के मनोरंजन करावल गइल आ प्रतिभागियन के ओहिजे से सोना से बनल उपहार दिहल गइल.

कार्यक्रम में फिल्म के नृत्य निर्देशक पप्पू खन्ना के निर्देशन मे फिलिम के तीन गो गाना के सजीव प्रस्तुति फिल्म के कलाकार कइलें. परिवार के लोकप्रिय गीत ई घर हवे प्यार के मन्दिर, प्यार के सरगम सातो सुर में, आ सज गइल सज गइल पर प्रवेश लाल यादव, पाखी हेगडे, पंकज केसरी आ उर्वशी चौधरी फिल्म के नृत्य मण्डली का साथे मनोहारी नृत्य पेश कइल लोग आ जम के ठुमका लगावल लोग.

इंडियन मोशन पिक्चर्स के अध्यक्ष टीपी अग्रवाल कहलें कि अभय सिन्हा उनका छोट भाई जस हउवें आ अभय के कंपनी शुरुवे से परिवार का साथे देखे लायक फिलिम बनावल आवत बाड़न. परिवारो फिलिम के कई गो गाना उनका दिल के छू गइल बा. म्यूजिक कंपनी वीनस के प्रमुख चंपक जैन कहले कि भोजपुरी फिलिमन के भविष्य उज्जवल बा आ एही बात के ध्यान में राखत उनकर कंपनी आडियो रिलीज कइले बा.

परिवार फिलिम के निर्देशक असलम शेख, जिनकर गिनती भोजपुरी के सफलतम निर्देशकन में होला, कहलें कि एह पारिवारिक फिलिम में निरहआ पहिला बेर डबल रोल में आइल बाड़े. परिवार के मुखिया का किरदार में उनकर अभिनय आदर्श, प्रेम, त्याग आ समुझदारी के सजीव चित्रण कइले बा आ हर परिवार खातिर अनुकरणीय बनी.

फिल्म के निर्माता अभय सिन्हा कहले कि उनकर कंपनी हमेशा धेयान राखेले कि फिलिम के गुणवत्ता से कबनो समझौता ना होखे आ अपना पंचवो फिलिम में कंपनी आपन साख बनवले रखले बिया. कहलन कि पहिलका बेर कवनो भोजपुरी फिलिम में कवनो ब्रांड के प्रसारित कइल जा रहल बा. आ व्हील कंपनी फिलिम का साथे एसोसिएटेड बिया. फिलिम का कहानी में देखावल गइल बा कि फिलिम के प्रमुख किरदार आपन आर्थिक हैसियत सुधारे खातिर व्हील के एजेन्सी लेत बाड़े आ अपना मकसद में सफल रहत बाड़े.

फिल्म के प्रचारक प्रशान्त निशान्त कहले कि १७ सितम्बर से एह फिलिम के देश भर के करीब डेढ़ सौ सिनेमा हालन में रिलीज कईल जा रहल बा.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624