असलम शेख चुनइले कार्यकारिणी में

Aslam Sheikh

पिछला महिना मुंबई के सात बंगला इलाका में कमला कॉटेज में भइल चुनाव में भोजपुरी के विख्यात निर्देशक के निर्दशक एसोसिएशन के कार्यकारिणी में चुन लिहल गइल आ एकरा से भोजपुरी फिल्म जगत में खुशी के लहर दउड़ गइल. निर्माता अभय सिन्हा, जीतेश दूबे, मधुसूदन मेहता, निर्देशक जगदीश शर्मा, जय प्रकाश, बॉबी सिंह, महेश पाण्डेय आ हैरी फर्नाण्डिज समेत कई लोग उनुका के एह सफलता ला बधाई दिहले बा. एसोसिएशन के अध्यक्ष अजीज मिर्जा हउवें.

असलम शेख भोजपुरी के बहुते सुपर डुपर फिलिमन के निर्देशित कर चुकल बाड़न आ एह में धरती कहे पुकार के, प्यार का बन्धन, बन्धन टूटे ना, जनम जनम के साथ, पप्पू के प्यार हो गइल, धर्मवीर आ बिदाई शामिल बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806