विनय आनन्द के त चल पड़ल

Vinay Anand and Monalisa in Jade Me..

रमजान का महीना का बावजूद विनय आनन्द के फिलिम जाड़े में बलमा प्यारा लागे मुंबई में सुपर डुपर हिट हो गइल बिया आ चार गो थियेटर नें हाउसफुल के बोर्ड लगातार चार शो में लगवा दिहलसि.

विनय आनन्द के नायकी वाली एह फिलिम के नायिका बाड़ी मोनालिसा, जिनकर मोहक अदा के भोजपुरिया दीवाना हो गइल बाड़े. विनय आनन्द अपना फिलिम के सफलता के श्रेय मुस्लिम भाईयन के दिहले बाड़न जिनका मोहब्बत से ई फिलिम सफल हो गइल. कहलन कि ऊ मखदूम बाबा के भक्त हउवन आ माहिम दरगाह हमेशा जात रहेले. साथही हाजी अली दरगाह पर जालें. विनय आनन्द आगे कहलन कि पहिले त ऊ रमजान का महीना में एह फिलिम में मुंबई में रिलीज करे का बात पर शुरू में डेराइल रहलें बाकि इहो भरोसा रहुवे कि गरीबनवाज जरुरे बचा लीहें. साथही गणपति बप्पो से निहोरा कइले रहन आ जब मुंबई में फिल्म के वितरक जीतेश दूबे आ उनका पता चलल कि फिलिम त सुपर डुपर हिट हो गइल बा त गणपति बप्पा आ गरीबनवाज के फेर से मत्था टेकलें.

फिल्म के वितरक जीतेशो दूबे फिलिम के एह सफलता से गदगद बाड़न.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806