राम बनवले जोड़ी के मुहुर्त भइल

Ravi Kishan and others at Muhurat of Ram Banavale Jodi

लीलावती प्रोडक्शन का बैनर में बने जा रहल निर्माता सुजाता ओझा आ प्रभु देवा के भोजपुरी फिलिम राम बनवले जोड़ी के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई के ट्रायो डिजिटल स्टूडियो में करावल गइल. मुहुर्त के नारियल सुपर स्टार रविकिशन का हाथे फोड़ाइल.

एह फिलिम के निर्देशन धीरज कुमार करीहें आ सह निर्माता रहीहें अमर प्रताप सिंह. फिलिम में सुपर स्टार रविकिशन, मोनालिसा, रुबी सिंह, आनन्द कुमार, रोहित सिंह, अंकित सिंह, ब्रजेश झा, संजय कांत, आलोक यादव, आ ब्रजेश त्रिपाठी खास खास किरदार कर रहल बाड़े. पटकथा लेखक धीरज कुमार, अभिमन्यु पाण्डेय, संगीत निर्देशक गुणवन्त सेन, गीत सच्चिदानन्द कवच, बीरेन्द्र पाण्डेय आ शैलेन्द्र सिंह के, कथा मदन गोस्वामी के, संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के बा.

मुहुर्त का मौका पर दुर्गा प्रसाद, आलोक कुमार, असलम शेख, केडी, जगदीश शर्मा, हैरी फर्नाण्डिज, रानी चटर्जी, मुकेश पान्डेय, बबलू सोनी, संजय सिंह, ददन सिंह, अरूण सिंह, आ बीरू देवा समेत भोजपुरी सिनेमा से जुड़ल बहुते लोग उपस्थित रहलें.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624