फेर लवट अइली रिंकू घोष

भोजपुरी सिनेमा के तीसरका दौर के सबसे खूबसूरत आ महँग अदाकारा रिंकू घोष एक बेर फेर से भोजपुरिया दर्शकन का दिल दिमाग छापे का तइयारी में बाड़ी. बीच में कुछ दिन उ भोजपुरी फिल्मोद्योग से दूर चल गइल रही बाकि लवटल बाड़ी त पूरा तइयारी का साथ. आ लवटला का साथे ऊ एक से बढ़के एक बड़ बैनर आ बड़ अभिनेतन का साथे साइन कइल गइल बाड़ी.

Rinku Ghosh

भोजपुरी के सफलतम निर्देशकन में गिनल जाए वाला राजकुमार आर पाण्डेय के सात सहेलिया में ऊ एह दौर के सुपर स्टार निरहुआ का साथे लउकिहन. जबकि निर्देशक के॰डी॰ के फिलिम बलिदान में रविकिशन का साथे. एकर त शूटिंगो चल रहल बा मुंबई में. एह दुनू का अलावे रिंकू आ पवन सिंह के जोड़ी गयबन्धन प्यार के में देखे के मिली. कुछ अउरी बड़हन प्रोजेक्टन के अबहीं टाइटल तय नइखे भइल.

रिंकू घोष के आगम भइल रहे दरोगा बाबू आई लव यू से. ओकरा बाद सुहाग, हमार घरवाली, सौगंध समेत दर्जन भर फिलिमन में ऊ आपन धमाल मचा चुकल बाड़ी. अबकी एगो नया अंदाज में दर्शकन का सोझा आवे वाली रिंकू घोष कहली कि अब पहिले वाली बात नइखे रह गइल आ कम्पटीशन बहुते बढ़ गइल बा. बाकि दर्शको ओहि लोगन के पसन्द करेलें जिनका लगे ग्लैमर आ टैलेण्ट दुनू होखो. बतवली कि बीच में टीवी शो के कुछ बढ़िया आफर मिल गइल रहे जवना में व्यस्तता का चलते ऊ भोजपुरी सिनेमा से तनिका दूर हो गइल रही. एह दौरान ऊ सोनी टीवी पर दुर्गेशनन्दिनी आ कलर्स चैनल पर मोहे रंग दे धारावाहिकन में मुख्य किरदार रहली.

अब जब ऊ फेर से भोजपुरी सिनेमा का मैदान में उतर रहल बाड़ी त उनुका भोजपुरिया दर्शकन से पुरनके प्यार दुलार मान सम्मान के अभिलाषा बा. कहली कि ऊ अपना चहेता दर्शकन के आस उम्मेद पर खरा उतरिहन. देखल जाव रिंकू घोष अपना दूसरका पारी में कतना धमाल मचा पावत बाड़ी. याद बा नू, पिछलका पारी में रिंकू घोष के फिलिम बिदाई खातिर सर्वश्रेष्ठ अदाकारा के सम्मान मिलल रहुवे?


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624