मेला में भुलाइल सईंया हमार

Muhurat of Mela Me Bhulayal Saiyan Humar

भाई बहिन का आपसी प्रेम आ बलिदान पर बनावल जा रहल फिलिम मेला में भुलाइल सईंया हमार के मुहुर्त पिछला पखवारा मुंबई में गायक उदित नारायण का हाथे नारियल फोड़वा के कइल गइल. मौका पर कुणाल सिंह, सुधाकर बोकाडे, किशन खदरिया, आनन्द डी गहतराज, दीपा नाराठण, आनन्द मोहन, सनोज मिश्र, पंकज केसरी, मोनालिसा, आ मोना राय समेत बहुते लोग उपस्थित रहुवे.

फिलिम के निर्मात्री मनीषा एन पुजारी कहली कि ई एगोपारिवारिक फिलिम होखी. निर्देशक सनोज मिश्रा, जिनकर ई चउथका फिलिम हऽ, कहले कि हमार कोशिश हमेशा साफ सुथ्थर फिलिम बनावे के रहेला आ हमेशा भोजपुरी का विकास में लागल रहेम. फिलिम देवा इंटरनेशनल आ वंशमणि शर्मा के प्रस्तुति हऽ.

फिलिम में सईंया का किरदार में पंकज केसरी आ भाई का किरदार में नेपाली सुपर स्टार विराज भट्ट बाड़े. मशहूर अदाकारा मोना राय, जे दर्जनन फिलिम आ टीवी सीरियलन में अपना अभिनय के लोहा मनवा लिहले बाड़ी, एह फिलिम के मुख्य नायिका बाड़ी. भोजपुरी के हॉट गर्ल कहाये वाली मोनालिसो एह फिलिम के दोसर नायिका बाड़ी. लोक गायक आनन्द मोहन आ राकेश त्रिपाठी एह फिलिम में कामेडी करत नजर अइहन जा. फिलिम के गीतकार बिनय बिहारी आ फणीन्द्र राय हउवें आ संगीत मधुकर आनन्द के बा.


स्रोत : खालिद, मुंबई. फोन : 95943 98291