भोजपुरी सिनेमा के नया अदाकारा गुंजन पंत

Gunjan Pant

भोजपुरी सिनेमा में तेजी से उभरत नायिका लोगन के लिस्ट देखल जाव त सबसे पहिला नाम आई गुंजन पंत के. गुंजन पंत भोजपुरी फिल्माकाश पर तेजी से काबिज होखल जात हीरोइनन में शामिल बाड़ी आ कब अइहें सजन परदेशिया, करनी के फल आज ना त कल, हमार मदर इण्डिया, हमार गाँव हमार देश में काम कर चुकल बाड़ी. बाकि बेसी दर्शक उनुका के छोटका पर्दा के धारावाहिकन में देखले होइहन.

गुंजन अब तक कई गो टीवी सीरियलन में काम कर चुकल बाड़ी जवना में से जिन्दगी एक सफर, चंद्रमुखी, छोटकी दुल्हन, गंगा जमुना समेत करीब दर्जन भर हिन्दी आ भोजपुरी धारावाहिक शामिल बाड़ी सन. नैनीताल के रहेवाली गुंजन जब आँख के डाक्टर बने के सपना सँजोवले भोपाल में अपना पढ़ाई में लागल रहली तबहिये उनकर मुलाकात वीनस कंपनी के अनिल जैन से भइल जे उनुका के अलबम आ टीवी में काम करे के सलाह दे दिहलन. बात गुंजन के पसन्द आइल आ मुंबई आ के वीनस कंपनी के अलबम झूमका गिरा रे में काम कइली. अलबम हिट हो गइल आ गुंजन ओहि रह पर आगा बढ़ चलली.

आजुकाल्ह गुंजन के नयकी फिलिम परिवार के खूबे चर्चा बा. अभय सिन्हा के एह फिलिम में गुंजन के नायक पंकज केसरी बाड़न. दोसरकी फिलिम चंदू के चमेली में गुंजन के नायक बाड़े छेदी का नाम से मशहूर बाली. एहू फिलिम के निर्माता अभये सिन्हा बाड़े. गुंजन एह दुनू फिलिम के अपना खातिर शगुनिया मानत बाड़ी आ एकरा के अपना कैरियर के सबले बड़ सफलता.

गुंजन आवे वाली फिलिम बलिदान में राजीव दिनकर के नायिका के किरदार कर रहल बाड़ी. एकरा अलावे ऊ बृजवो में लउकिहन. गुंजन पंत कहेली कि देह देखावे में कवनो खराबी नइखे बशर्ते ऊ कहानी के मांग होखो. अपना सुनहुला भविष्य खातिर आश्वस्त गुंजन अपना सफलता के श्रेय अपना महतारी आ बहिन के देबेली.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624