भाग्यविधाता के उर्जा से भरल लिट्टी मामा

कमे लोगन के अपना कैरियर का पहिलके कदम पर अइसनका कामयाबी मिल पावेला. उर्जा से भरल अभिनेता फूल सिंह के पहिचान ई हऽ कि बेगूसराय में जनमलें, मुजफ्फरपुर के आपन कर्मभूमि बनवले आ पूरा दुनिया मेंआपन पहिचान बनवलें कलर्स चैनल पर प्रसारित होखे वाला धारावाहिक भाग्यविधाता के लिट्टी मामा का किरदार से. सुने में नाम भलही अटपटा लागे बाकि भाग्यविधाता में उनकर किरदार अतना चर्चित बा कि कतहीं जासु लोग उनुका के घेर ले ला लिट्टी मामा के आटोग्राफ खातिर.

Phool Singh as Litti Mama

बेगूसराय के छितरौर गाँव के फूल सिंह भोजपुरी के कई गो सुपर हिट फिलिमन में काम कर चुकल बाड़े जवना में पहिलका रहुवे गंगा जइसन माई हमार. ई फिलिम हिट भइल त आइल हमार बियाह तोहरे से होई जवना में ऊ खलनायक बनले.

रविकिशन का साथ वाली एह फिलिम का बाद आइल प्रीत ना जाने रीत, फेर विनय आनन्द का साथे रंजन सिंह का निर्देशन में बनल फिलिम तोहसे प्यार बा. एह फिलिम से फूल सिंह चर्चा में आ गइलन.

फूल सिंह हिन्दिओ सिनेमा में काम कइले बाड़े जवना में से मोहनदास त रिलीज हो गइल बा, आ सुनील शेट्टी आ जूही चावला का साथ वाली फिलिम कशमकश अबही रिलीज होखे के बाकी बा. फूल सिंह के आवे वाली फिलिमन में भोजपुरी के सुपर स्टार मनोज तिवारी के साथवाली मिस्टर गोबर सिंग इ निरहुआ का सा् वाली फिलिम नरसंहार के नाम लिहल जा सकेला. हरि भरोसे हिन्दुस्तान म्यूजिक अलबम के छह गो गाना गाइओ के फूल सिंह बड़ाई बटोरले बाड़े. थियेटर आर्टिस्ट हउवें आ देश विदेश में लगगभग ६० गो नाटक खेल चुकल बाड़न.

लिट्टी मामा वाला किरदार का बारे में फूल सिंह के कहनाम बा कि ई किरदार एगो सस्पेण्डेड पुलिस इन्सपेक्टर के हऽ जवना में निगेटिव शेड लिहले सीरियस कामेडी कइल गइल बा. अपना एह किरदार से फूल सिंह बहुते खुश रहेलें.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806