गाँधी जयन्ती पर रिलीज होखे जा रहल बा सईंया बिदेसिया

कलाहंस फिल्म्स इन्टरनेशनल का बैनर में बनल एक्शन रोमांस वाली फिलिम सईंया बिदेसिया गाँधी जयन्ती का दिने पूरा बिहार में रिलीज होखे जा रहल बा. राव साहब का नाम से जानल जाये वाला सर्वजित सिंह के बनावल एह फिलिम के कहानी एगो साँच घटना पर आधारित बा. फिलिम में देखावल गइल बा कि अपना देश के बुद्धिजीवी आ प्रतिभावान लोग विदेश जा के ओह देश के तरक्की करा देला बाकि अपना देश का बारे में इचको ना सोचे. बाकि सईंया बिदेसिया के नायक अपना प्रतिभा के इस्तेमाल अपना गाँव, समाज, आ देश के विकास खातिर करत बा.

still from Saiya Bidesia

फिलिम में भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह, अमित सिंह, अंजना डाब्सन, कल्पना शाह, सुरेन्द्र वालिया, राजेश यादब, आइटम गर्ल सीमा सिंह आ प्रज्ञा विवेक मुख्य किरदार में बावे लोग. हँसी मजाक से भरल एह संगीतमय पारिवारिक फिलिम के निर्देशक राजेन्द्र वैर, कथा पटकथा संवाद लेखक राज प्रकाश, गीतकार राकेश निराला, विश्वनाथ राजपुरी आ प्रभुदयाल सूरजपुरी, आ संगीतकार संतोष सुमन हउवें. फिलिम के गाना उदित नारायण, कल्पना, विनोद राठौर, मोहम्मद अजीज, प्रिया भट्टाचार्य, पामेला जैन, सुचिता प्यास, संतोष सुमन, सर्वज्ञा मिश्रा, आ प्रेमप्रकाश दुबे गवले वा लोग.

बकौल निर्माता सर्वजीत सिंह ई फिलिम पूरा परिवार का साथे देखे लायक बा जवना में सामाजिक संदेश का साथे मनोरंजन के तड़का दिहल बा. शानदार एक्शन दृश्य दर्शकन के ताली बजावे पर मजबूर कर दीहि आ रोमांटिक दृश्य मंत्रमुग्ध.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624