मूवी मुगल डी रामा नायडू के भोजपुरिया पारी

भारतीय सिनेमा जगत में मूवी मुगल का नाम से जानल जाये वाला मशहूर निर्माता डी रामा नायडू अब भोजपुरिया पारी खेले जा रहल बाड़न. हालही में मुंबई के कृष्णा स्टुडियो में ऊ अपना भोजपुरी फिलिम शिवा के म्यूजिकल लांचिंग कइलें. डी रामानायडू के बारे में बतावल जरुरी बा कि उहे बॉलीवुड के दिव्या भारती, करिश्मा कपूर, तब्बू, मोनिका बेदी, आ कैटरीना कैफ जइसन अदाकारा दिहले बाड़े.

Muhurt of Shiva

डी रामानायडू हिन्दुस्तान के करीब करीब हर भाषा में फिलिम बना चुकल बाड़न जवना में से हिन्दी के अनाड़ी, हम आपके दिल में रहते हैं, दिलवाला, रखवाला, आ संतान जइसन फिलिम शामिल बाड़ी सँ. शिवा के म्यूजिकल लांचिंग खातिर डी रामानायडू खुदे मुंबई अइलन आ अपने हाथे नारियल फोड़े के रस्म निभवलन.

सुरेश प्रोड्शन का बैनर में बने जा रहल एह फिलिम के कलाकारन में भोजपुरिया किंग दिनेश लाल यादव निरहुआ, मशहूर तारिका पाखी हेगडे, सत्य प्रकाश, पी डी राज, अजय, आ मनोज टाइगर के नाम शामिल बा. फिलिम के निर्देशन जी सुब्बा राव कर रहल बाड़न जे एह फिलिम के कहानिओ लिखले बाड़े. फिल्म के छायाकार प्रकाश आ प्रोडक्शन कंट्रोलर राजा बाड़े.

फिलिम के म्यूजिकला लांचिंग राजेश रजनीश का धुन पर प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती के लिखल गीत उदित नारायण झा का आवाज में रिकार्ड करावल गइल. एक्शन रोमांस वाली एह फिलिम के मुहुर्त पर डी रामानायडू कहलें कि आज भोजपुरी भाषा के भविष्य बहुते चमकदार बा आ एह भाषा में अब बढ़िया स्तरवाली फिलिम बनावाल जा रहल बाड़ी सँ. इहो कहलन कि उनकर फिलिम शिवा एगो डिफरेंट फिलिमहोखी जवना से हर स्तर से भोजपुरी के रूप विस्तार होखी.

एह मौका पर निरहुआ कहलन कि ई बहुते गर्व कर लायक बात बा कि बालीवुड आ दक्षिण भारतीय भाषा के फिल्म निर्माता डी रामानायडू भोजपुरी भाषा में फिलिम बनावे के फैसला कइलन आ ओह पर अमलो शुरु कर दिहलन. अब ई कहल ज्लदबाजी ना कहाई कि भोजपुरी के झंडा फिल्मि दुनियो में पूरा भारत में फहराई.

शिवा के मुहुर्त पर मशहुर निर्माता अभय सिन्हा, महुआ टीवी के पंकज तिवारी, विकास सिंह, संतोष मिश्रा, हैरी फर्नाण्डिज, प्रवेश लाल यादव, राजेश पप्पण, नरसू, आ प्रशान्त निशान्त मौजूद रहलन.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624