गाँधी जयन्ती पर मुंबई में आपन माटी आपन देश

एह गाँधी जयन्ती पर मुंबई वालन के देशभक्ति वाली भोजपुरी फिलिम आपन माटी आपन देश देखे के मिली. मुंबई का १५ गो थियेटर में ई सुपर हिट फिलिम लागे जा रहल बिया. एमआई राज के निर्देशित एह फिलिम के निर्माण जय किशन आ आशीष केडिया कइले बाड़े. किरदार निभावे वाला कलाकारन में भोजपुरी के सुपर स्टार रवि किशन का साथ स्वीटी छाबड़ा, सिकंदर खरबन्दा, मिलिंद गुनाजी, आ सुदेश बेरी जइसन डायनामिक कलाकार बा लोग.

Ravi Kishan and Sweety Chhabra in Aapan Maati Aapan Desh

आपन माटी आपन देश अइसनका पहिलका भोजपुरी फिलिम हऽ जवना में फौज के लड़ाई देखावल गइल बा आ साथ ही देखावल गइल बा आतंकी हमला के खोफनाक मंजर. बिहार में ई फिलिम पहिलही हिट हो चुकल बा आ बकौल निर्माता जयकिशन आ आशीष केडिया एह फिलिम के रिलीज करे खातिर २ अक्टूबर ले बढ़िया दोसर कवनो तारीख ना हो सकत रहुवे. एहीसे मुंबई में एकरा के २ अक्टूबर के रिलीज करे के फैसला कइलन जा. एह फिलिम में देशभक्ति वाला गाना दर्शकन के रोमांच से भर दीहि. साथ ही रोमांटिक गानो बाड़ी सन दिल के खुशी देबे वाली.

त अगर रउरा मुंबईवासी हईं त चलीं तइयार रहल जाव देखे खातिर आपन माटी आपन देश.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806