असलम शेख के राम-अवतार

भोजपुरी सिनेमा के सबसे चर्चित निर्देशक असलम शेख अब ले के आ रहल बाड़न राम-अवतार. एह फिलिम में भोजपुरी के सुपर स्टार रविकिशन का साथे एगो नया अभिनेता जुबेर खान के लांच कइल जा रहल बा.

दूर्वा प्रोडक्शन का बैनर मे निर्मात्री विजल राजदा के एह फिलिम के मुहर्त हालही में मुंबई का ट्रायो डिजिटल स्टूडियो में करावल गइल जवना मौका पर भोजपुरी सिनेमा से जुड़ल तमाम दिग्गजन के मौजूदगी एकरा के यादगार बना दिहलस. रविकिशन आ निर्माता जितेश दुबे नारियल फोड़ के एकर औपचारिक शूरुआत कइलन जा.

Ravi Kishan and Zubair Khan

मौजूद लोगन में अभिनेता दिनेश लाल यादव निरहुआ, बृजेश त्रिपाठी, प्रवेशलाल यादव, समीर राजदा, निर्माता अभय सिन्हा, चंद्रशेखर राव, मशुसुदन मेहता, निर्देशक राज कुमार पाण्डे, जगदीश शर्मा, शंकर अरोड़ा, सोनू त्रिपाठी, आ संगीतकार धनंजय मिश्रा खास खास रहलन जा. कहल बेजा ना होखी कि असलम शेख आ रविकिशन के जोड़ी एकरा से पहिले बिदाई जइसन सुपर हिट फिलम दे चुकल बा. बिदाई बिहार में पचास हफ्ता का चलला का बादो धूम मचवले बा.

मुहुर्त पर रविकिशन नयका अभिनेता जुबेर खान के तारीफ करत कहलन कि भोजपुरी सिनेमा जगत के बढ़िया अभिनेता के ढेरे जरुरत बा आ जुबेर अपना अभिनय क्षमता से एह फिल्मोद्योग में ढेरे नाम कमइहें. जुबेरो खान आत्मविश्वास देखावत आवाज में कहलन कि ऊ रविकिशन के बधाई बेकार ना जाये दिहन.


स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359