निरहुआ लगवले छक्का

भोजपुरी सिनेमा के सुपर जुबिली स्टार कहाए वाला दिनेशलाल यादव निरहुआ का खाता में एगो नया उपलब्धि जुड़ गइल बा सिक्सर के. अभ भला सिनेमा के कलाकार कब से क्रिकेट खेले लगलें? त बतावत चलीं कि ई क्रिकेट के सिक्सर ना हऽ सफलता के सिक्सर हऽ. लगातार छह गो हिट फिलिम देबे के छक्का!

Aged Nirahua in Parivaar Young Nirahua in Parivaar

साल के शुरुआत में निर्माता अनिल कुमार के फिलिम प्रतिज्ञा से सफल फिलिमन के जवन सिलसिला शुरु भइल तवन हाल में रिलीज भइल अभय सिन्हा के परिवार के सफलता का साथे लगातार छह गो सुपर हिट फिलिम के सिक्सर बन गइल. बीच में आलोक कुमार के हो गइनी दिवाना तोहरा प्यार में, रामाकान्त प्रसाद के दिवाना, अजय सिन्हा के चलनी के चालल दुल्हा आ खुद निरहूआ इन्टरटेनमेंट के प्रेम के रोग भइल शामिल बाड़ी सन.

अभय सिन्हा के बनावल फिलिम परिवार में निरहुआ पहिलका हालि डबल रोल में बाड़न आ एगो यादगार रोल कइले बाड़न जवना चलते उनुका के ढेर दिन ले लोग इयाद करत रही. सफलता के अपना सफलता का बारे में निरहुआ के कहनाम बा कि ई सब दर्शकन के नेह हऽ जे हमरा हर फिलिम के आपन भरपूर प्यार देबेले. कहलन कि ऊ आजु जवनेकुछ बाड़न तवन सब ओहि दर्शकन का चलते. साथहीसाथ निर्माता ओ निर्देशको लोग आ फिलिम के तमाम तकनीशीयनो के योगदान बा जिनका चलते निरहुआ के हर फिलिम सफल हो जाले. कहलन कि उनुका सफलता में सबकर योगदान बा आ सबका एकर श्रेय मिले के चाहीं.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624