बाबा जय फिल्म्स के दू गो फिलिमन के मुहुर्त

भोजपुरी सिनेमा में छा जाये के तइयारी में बाबा जय फिल्म्स हालही में मुंबई का मड आयलैण्ड में एगो भव्य पार्टी कर के अपना दू गो फिलिमन के मुहुर्त कइलस. अजय कुमार शुक्ला आ मनोज कुमार सिंह के निर्माता जोड़ी अपना कंपनी बाबा जय फिल्म्स का माध्यम से बेटी कइसन भाग्य तोहारखद्दर के जोर नाम से दू गो फिलिमन के शुरुआत कइलस.

Baba Jai Films Muhurat

बेटी कइसन भाग्य तोहार में ममन तिवारी, तेज सप्रू, दर्पण श्रीवास्तव, आ मोनिका बिहानी खास भूमिका कर रहल बा लोग. गीतकार संगीतकार रविन्द्र जैन बाड़े, संवाद लेखक कनन अय्यर, छायाकार निरंजन सिंह, आ कहानीकार नीलू तिवारी हउवन जा.

खद्दर के जोर फिलिम के कहानी अजय शुक्ला के लिखल बा आ गीत संगीत गुणवन्त सेन के बा. एकरो छायाकार निरंजने सिंह बाड़न. एह फिलिम के खास खास किरदारन में विक्रांत, मनन तिवारी, दर्पण श्रीवास्तव, मोनिका बिहानी, तेज सप्रू आ प्रतिभा काजमी रहीहन.

बाबा जय फिल्म्स के एह मुहुर्त पर बालीवुड निर्देशक विमल कुमार, कुक्कु कोहली, रंजन सिंहम निर्माता दिनेश बंसल आ मशहूर टीवी अभिनेत्री वैष्णवी पूरा टीम का साथे बधाई देबे चहुँपल रहे लोग.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624