बिल्लो रानी नौटंकीवाली

हिन्दी के बिल्लो रानी बिपाशा बसु के त अपने सब देखलही होखम, अब देखीं भोजपुरिया बिल्लो रानी के. अमर देवगन बिल्लो रानी नौटंकीवाली का नाम से एगो भोजपुरी फिलिम के मुहुर्रत पिछला दिने कृष्णा स्टूडियो में कइलन. पंकज केसरी एह फिलिम के नायक बाड़े बाकि अबहीं नायिका के नाम रहस्य का पददा में बा.

Muhurat of Billo Rani Nautankiwali

फिलिम के गाना विद्या शुक्ल के लिखल बा आ संगीत होखी एसपी सेन आ चन्दा के. भोजपुरिया खलनायक अवधेश मिश्रा आ संजय पांडेय के चुनौतीपूर्ण भूमिका दिहल गइल बा. पिछला साल मुन्नी बाई नौटंकी वाली हिट रहल रहे अबकी बिल्लो रानी नौटंकी वाली ओ हिट हो जाव त अचरज ना होखे के चाहीं.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806