सफल निर्माता रामाकांत प्रसाद अब निर्देशन करीहन

भोजपुरी सिनेमा के सफल निर्माता लोगन में रामाकांत प्रसाद के नाम पहिला कतार में लिहल जाला. लागल रहऽ ए राजाजी, दीदी तोहर देवर दिवाना आ दिवाना जइसन ब्लाक बस्टर फिलिम देबे वाला निर्माता रामाकांत प्रसाद अब एगो अहम फैसला कइले बाड़े आ निर्देशन के पारी शुरु कर दिहले बाड़न. निर्देशन के शुरुआत रामाकांत प्रसाद भोजपुरी फिलिम दाग से करे जा रहल बाड़न आ पिछला दिने मुंबई का ट्रायो डिजिटल स्टूडियो में एकर मुहुर्त करावल गइल.

At the muhurt of Daag

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ कुमारी माई मूवीज का बैनर तले बने जा रहल एह फिलिम के पारम्परिक नारियल फोड़े के काम भोजपुरी के सुपर स्टार दिनेशलाल यादव निरहूआ आ रामाकांत प्रसाद के बेटी सुष्मिता प्रसाद संयुक्त रुप से कइलन जा. फिलिम में भोजपुरी किंग दिनेशलाल यादव निरहुआ, पाखी हेगडे, स्वीटी छाबड़ा, विराज भट्ट, आ स्वाति वर्मा मुख्य भूमिका में बावे लोग. कथा पटकथा आ संवाद लिखले बाड़े संतोष मिश्रा जे निरहुआ रिक्शावाला आ दिवाना जइसन ब्लाकबस्टर फिलिमन के लेखन कइले ररहलन.

निर्देशन के पारी के शूरुआत करत रामाकांत प्रसाद के कहनाम रहे कि उनका लागत रहुवे कि उनुका में निर्देशक बने लायक कौशल बा जवना सहारे ऊ भोजपुरी दर्शकन के स्वस्थ मनोरंजन करे वाली फिलिम दे सकेलें आ इहे कु्ल्हि सोच के निर्देशक बने के फैसला कइलन. दाग फिलिम का बारे में बतावत रामाकांत प्रसाद कहलन कि ई एगो रोमांटिक एक्शन फिलिम होखि जवना में बदला का आग में धधकत एगो नौजवान के कहानी देखावल जाई.

दाग के गाना लिखिहन बिनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव. संगीत तइयार करे के कामो बिनये बिहारी करीहन. फिलिम का मुहुर्त पर भोजपुरी फिल्मोद्योग से दुर्गा प्रसाद मजुमदार, राजकुमार पाण्डेय, हैरी फर्नाण्डीज, बबलू सोनी, अजय श्रीवास्तव वगैरह अनेके लोग रामाकंत प्रसाद के बधाई देबे मौजूद रहुवे


स्रोत : प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624