भोजपुरी हिरोइनन के राजकुमार बनत जात बाड़न पवन सिंह

भोजपुरी फिल्मोद्योग में अगर चरचा का मध्य में केहू बा त ऊ बाड़े पवन सिंह. निर्माता निर्देँशकन से लेके दर्शक तक त उनकर कायल होइये गइल रहलन, अब हिरोईनो लोग उनकर कायल होखत जात बाड़ी आ हर केहू के सपना के राजकुमार पवने सिंह हो गइल बाड़े. सब जनि इहे चाहत बाड़ी कि ऊ अधिका से अधिका फिलिम पवन सिंह का साथे करस जेहसे कि दोसरकी कवनो पवन से सट ना पावे आ अपना जाल में फँसा मत लेव.

Kissing scene from Chorwa Banal Damad

अब रउरा अगर जानल चाहत बानी कि ऊ कवन लोग बा जे ई कहानी रच रहल बा त पवन सिंह त केहू के नाम नइखन लेत बाकि उनुका फिलिमन के नायिका लोग के लिस्ट बता देत बा कि एह दौड़ में सबले आगा बाड़ी रानी चटर्जी. पवन का साथे सबसे बेसी फिलिम उहे करत बाड़ी. दोसरका नाम बा हॉट गर्ल मोनालिसा के. पटना के रुबीओ सिंह कम फिलिम नइखी करत पवन का साथे. अउरियो बहुते हिरोइन बाड़ी जा जे पवन का साथे फिलम त नइखी करत बाकि नजर जरुरे गड़वले बाड़ी. अब त समय बताई कि केकर दाल गलत बा पवन सिहं का साथे बाकि अतना त साफ बा कि पवन केहू के लिफ्ट देबे का मूड में नईखन लउकत.