आपन राह खुद बनावे में भरोसा करेलन सुशील सिंह

Sushil Singh as Munna Bhaiya

भोजपुरी सिनेमा में बहुते कम अभिनेता अपना अभिनय खातिर जानल जाले आ ओहिमें से एगो हउवन सुशील सिंह. पिछला साल इटीवी से सर्वश्रेष्ठ खलनायक का रुप में सम्मानित हो चुकल सुशील सिंह अब खलनायकी छोड़ के नायकी क किरदार करल शुरु कर दिहले बाड़े, सुशील सिंह. भोजपुरी के अब तकले के सबसे बेसी चर्चित फिलिम मुन्ना बजरंगी के मुन्ना खान के एगो नया अंदाज जल्दिये हम हईं मुन्ना भइया में नजर अइहन. भोजपुरी फिल्मन में एक्शन के एगो नया परिभाषा गढ़े जा रहल बिया ई फिलिम. सेट पर एगो खतरनाक दृश्य फिल्मवला का बाद सुशील सिंह से बात करे के मौका मिल गइल. पेश बा ओकरे कुछ अंश :

हम हैं मुन्ना भइया के एह खतरनाक दृश्यन खातिर अपने डुप्लीकेटन के इस्तेमाल काहे ना कइनी?

निर्देशक इकबाल बख्श एह दृश्यन बदे बहुते मेहनत कइले बाड़े आ हमरो के मानसिक रूप से तइयार कर दिहलें. रउरा देखबे कइनी ह कि अइसनका दृश्य मुश्किले से देखे के मिलेला. जहाँ तक डुप्लीकेट इस्तेमाल करे के बात रहल त हम इहे कहम कि हमरा आपन काम खुद करे में बहते भरोसा बा. हमार पहिचाने हमरा अभिनय से बा एहसे हम बेसी रिस्को लिहल पसन्द करीला.

मुन्ना बजरंगी के मुन्ना खान, कबहू छूटे ना ई साथ के भावुक इंसान, आ अब हम हैं मुन्ना भइया के टपोरी में से कवन रोल रउरा अपना से नजदीक लागेला?

निजी जिन्दगी में त हम कबहू छूटे ना ई साथ वाला भावुक इंसान हईं बाकि फिल्मी परदा पर हम फिलिम के किरदार के जियल चाहीले आ ओहिमें अपना के डूबा दिहिला. रउरा खटाईलाल मिठाई लाल में हमरा किरदार मिठाईलाल इंसपेक्टर के देखले होखम. अब जल्दिये एगो फिलिम में रउरा हमार एगो नया अंदाज देखब. ओह फिलिम में हम रविकिशन का साथ बानी आ फिलिम के शूटिंगो जल्दिये शुरु होखे वाला बा.

भोजपुरी में पहिला बेर केहू खलनायकी से नायकी के सफर तय कइले बा. कइसन रहल ई सफर?

हम एगो अभिनेता हईँ आ हमार मानल हऽ कि ओकरा कवनो दायरा में बन्हाये के ना चाहीं बलुक अभिनय के हर क्षेत्र में पारंगत होखे के चाहीं आ हर तरह के अभिनय करे के चाहीं. हिन्दी सिनेमा में शत्रुघ्न सिन्हा आ विनोद खन्ना अइसन कर चुकल बाड़े, बाकि भोजपुररी सिनेमा कातिर ई एगो नया बात बा.

कुछ अपना घर परिवार का बारे में बताईं?

हम बनारस के हईं आ संयु्कत परिवार के सदस्य हईं. हमार बाबूजी डाक्टर गुलाब सिंह डाक्टर हईँ आ हमरा परिवार के डेयरी आ होटलो व्यवसाय बा. फिलिम लाइन में त हम संयोगे से आ गइनी. एक बेर गरमी का छुट्टी में मुंबई अइनी त सोनी टीवी का धारावाहिक आहट में काम मिल गइल. हमार पहिलका फिलिम रहे आँच जवन हमरा लेखक कमलेश पांडेजी का सहजोग से मिलल रहुवे. भोजपुरी सिनेमा में हमार प्रवेश सुशील उपाध्याय जी का चलते भइल जे बनारस में लोकेशन हंट करे आइल रहलें. ओहिजे उनुका से भेंट हो गइल आ खलनायक का रुप में हमार प्रवेश भोजपुरी सिनेमा में हो गइल.

कवना तरह के भूमिका करे के चाहत बा राउर?

हिन्दी सिनेमा में जइसन छवि नाना पाटेकर आ अजय देवगन के बा वइसने कुछ छवि वाली भूमिका कर के हम भोजपुरी सिनेमा में आपन छाप छोड़ल चाहत बानी.


स्रोत : उदय भगत, मुंबई