अब भोजपुरी में बने जा रहल बा गाईड

Gopal Singh

पचीसन म्यूजिक अलबम रिलिज होखला का बाद लोकगायक गोपाल सिंह अब नायक का रुप में भोजपुरी फिलिम गाँव के गंगा में आ रहल बाड़े. एकरा बाद उनुकर अगिली फिलिम होखे जा रहल बिया हम हईं गाईड नं॰ वन जवना में ऊ मुख्य भूमिका में साइन कइल गइल बाड़े. एह फिलिम में ऊ टाइटिल रोल में देवानंद वाली गाईड का तरह के रोल करत नजर अइहन.

गोपाल सिंह अपना गायकी का चलते पूरा भोजपुरी जगत में मशहूर बाड़े आ उनकर स्टेज शो देश में जगहे जगह होत रहेला. विदेशो में उनकर शो हो चुकल बाटे. मारीशस आ हालैण्ड में गोपाल सिंह के बहुते प्रशंसा मिलल रहुवे. भोजपुर के रहे वाला गोपाल सिंह के खांटी भोजपुरी नीक लागेला आ भोजपुरी सिनेमा में अश्लीलता का ऊ खिलाफ बाड़न. कहेलें कि सिनेमा में खांटी भोजपुरी के बढ़ावा देबे खातिर ऊ अभिनय का मैदान में उतरल बाड़न.

गायकी गोपाल सिंह के इश्वर के उपहार का तरह मिलल बाकि अभिनय के दाँवपेंच सीखे खातिर ऊ बाकायदा ट्रेनिंग लिहलन आ एक्शन डाँस आ सिरियस रोल करे के कोर्स पूरा कइला का बादे अभिनय का मैदान में डेग धरे वाला गोपाल सिंह के पूरा भरोसा बा कि ऊ दर्शकन के साफ सुथरा भोजपुरी सिनेमा दे पइहन जवना के पूरा परिवार एक साथे देख सकी.


स्रोत : मु॰खालिद, मुंबई