भोजपुरी के पहिला खान जुबेर खान

हिन्दी सिनेमा में खान भाई लोग के भरमार बा, चाहे ऊ आमिर खान होखस, सलमान खान होखस, भा शाहरुख खान. बाकिर अबले भोजपुरी में केहू खान ना रहल हा. अब उहो कमी पूरा हो रहल बा जुबेर खान से. जिनका के मशहूर निर्देशक असलम शेख आ निर्मात्री बिजल राजदा खोजले बा लोग अपना भोजपुरी फिलिम राम अवतार के अवतार का भूमिका खातिर. राम के भूमिका कर रहल बाड़े भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन.

Zuber Khan

मुबई में पलाइल पोसाइल जुबेर खान शायद अइसनका पहिलका अभिनेता हउवन जे किशोर नामित कपूर से अभिनय के गुर सीखला का बाद अपना कैरियर के शुरुआत भोजपुरीए सिनेमा से करे के फैसला लिहलन. आखिर एकर वजह का रहुवे? पुछला पर कहलें कि हमार महतारी बनारस के हई आ मुंबई में रहला का बादो उनकर तहजीब बनारसे के बा. आ हमरा पर उनकर गहिरा छाप पड़ल बा से हम फैसला कइनी कि अभिनय के शुरुआत अपना माइये का भाषा भोजपुरिए से कइल जाव.

जुबेर के एकरो चिन्ता नइखे कि भोजपुरी फिलिम कइला का बाद उनुका हिन्दी फिलिम मिली कि ना. कहेलन कि आदमी क लगे अबिनय क्षमता होखी त हर जगहा पुछ होखी. भवन निर्माण से जुड़ल परिवार से होखल का बावजूद जुबेर खान बारहवीं पास कइला का बादे से अभिनय, डांस वगैरह सीखे में लाग गइलन. जुबेर के कहनाम बा कि ऊ लमहर पारी खेले आइल बाड़न आ ई कहत घड़ी उनका आवाज में जवन आत्म विश्वास रहल तवन साफ बता दिहलस कि सफलता के मुकाम उनका मिल के रही.


स्रोत : उदय भगत, मुंबई